[the_ad_group id="30365"]

अमरोहा में दर्दनाक हादसा, अज्ञात वाहन मरलस ऑटो के टक्कर, हादसा में चार के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के अमरोहा जिला में दर्दनाक हादसा भइल बा। हादसा में चार लोग के मौत हो गइल। जबकि एक लोग घायल बानें। घायल के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। उहवें शव के कब्जा में ले के पुलिस जांच शुरू कs देहले बा।
गजरौला थाना इलाका में एक ऑटो के अज्ञात वाहन टक्कर मार देहलस। ऑटो में पांच लोग सवार रहल। हादसा में चार लोग के मौत हो गइल। जबकि एक यात्री घायल हो गइलें। उनके जिला अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। सबके के परिजन लोग के सूचना दे दिहल गइल बा।
अमरोहा के पुलिस अधीक्षक आदित्य लांग्हे कहलें कि वैधानिक कार्रवाई कइल जा रहल बा। अज्ञात वाहन के पता लगावे खातिर हमनींके सीसीटीवी फुटेज देख रहल बानीं जा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]