[the_ad_group id="30365"]

बाइक दुर्घटना में बाप बेटा घायल, सदर अस्पताल रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रितम सिंह, खबर भोजपुरी, मशरक सारण: मशरक थाना क्षेत्र के महाराणा प्रताप चौंक प बाइक सवार बाप बेटा दुर्घटना में गंभीर रूप से घायल हालत में इलाज खातिर सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र मशरक में सोमार के सांझ के भर्ती करावल गइल लो। घायल के पहचान दरियापुर थाना क्षेत्र के रामपुर कमत गांव निवासी स्व सुदर्शन गिरी के 50 वर्षीय पुत्र रामनाथ गिरी आ रामनाथ गिरी के 18 साल के बेटा गुड्डू गिरी के रूप में भइल।

ड्यूटी प तैनात चिकित्सक घायलन के प्राथमिक उपचार क के बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल छपरा रेफर क देले। घटना के बारे में घायल दुनो लोग बतावल कि ऊ लोग बाइक पर सवार होके बियाह तय करे खातिर सिवान जिला के बसंतपुर गइल रहे लो आ ओहिजा से ऊ लोग वापस आवत रहे लोग कि मशरक थाना क्षेत्र के महाराणा प्रताप चौंक प अनियंत्रित अज्ञात वाहन पीछे से जोरदार टक्कर मार के फरार हो गइल। जेमे बाइक सवार बाप बेटा घायल हो गइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]