Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा के रास्ते चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: फिरोजपुर मंडल में काम के लेके संचालन में बदलाव, देखीं सूची

112

रेलवे प्रशासन यात्री सुविधा में उन्नयन आ परिचालन सुविधा खातिर उत्तर रेलवे के फिरोजपुर मंडल के सानेहवाल-अमृतसर रेल खंड पs इस्थित करतारपुर स्टेशन पs उन्नयन कार्य खातिर प्री-नॉन इंटरलॉक आ नॉन इंटर लॉक कार्य कइल गइला के कारण गाड़ियन के पुनर्निधारण आ नियंत्रण कइल गइल बा।

एमे छपरा के रास्ते चले वाली ट्रेन प्रभावित रहिहें सs। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देले बाड़ें। सब प्रभावित ट्रेन छपरा से अमृतसर रूट के प्रमुख ट्रेन हई सs।

  • दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • दरभंगा से 06 जुलाई, 2024 के चले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस दरभंगा से 180 मिनट पुनर्निधारित कs के आ फिरोजपुर मंडल में 35 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • दरभंगा से 07 जुलाई, 2024 के चले वाली 15211 दरभंगा-अमृतसर एक्सप्रेस दरभंगा से 120 मिनट पुनर्निधारित कs के आ फिरोजपुर मंडल में 35 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • कटिहार से 08 आ 09 जुलाई, 2024 के चले वाली 15707 कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस कटिहार से 150 मिनट पुनर्निधारित कs के आ फिरोजपुर मंडल में 50 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
  • कटिहार से 10 जुलाई, 2024 के चले वाली 15707 कटिहार-अमृतसर एक्सप्रेस कटिहार से 240 मिनट पुनर्निधारित कs के अम्बाला मंडल में 45 मिनट आ फिरोजपुर मंडल में 60 मिनट नियंत्रित कs के चलावल जाई।
884810cookie-checkछपरा के रास्ते चले वाली कइयन गो ट्रेन प्रभावित: फिरोजपुर मंडल में काम के लेके संचालन में बदलाव, देखीं सूची

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.