[the_ad_group id="30365"]

यूपी में दु दिन होई भयंकर बरखा, 21 जिलन के लेके मौसम विभाग कइलस अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पूर्वी उत्तर प्रदेश के ऊपर मानसून सक्रिय बा जबकि पश्चिमी यूपी के ऊपर सामान्य बा। मौसम विभाग अगिला दु दिन में राज्य के अलग-अलग इलाका में बहुत भारी बरखा के यलो अलर्ट जारी कईले बा। अंचल मौसम केंद्र से मिलल जानकारी के मुताबिक, शनिचर के पूरा उत्तर प्रदेश में अलग-अलग जगह पs भारी बरखा के संभावना बा, जबकि अतवार के पश्चिमी यूपी के अलग-अलग जगह पs भारी बरखा होई पूर्वी यूपी में बारिश के पूर्वानुमान बा।शुक के मानसून लाइन जैसलमेर, सीकर, उरई, चुर्क, डाल्टनगंज, पुरुलिया से गुजरत रहे। पूर्वी उत्तर प्रदेश आ दक्खिन-पच्छिम यूपी में आ ओकरा आसपास भी चक्रवाती दबाव बनल बा।

एईजा होई भारी बरखा

देवरिया, गोरखपुर, संत कबीर नगर, बस्ती, कुशीनगर, महाराजगंज, *सिद्धार्थनगर*, गोंडा, बलरामपुर, श्रावस्ती, बहराइच, लखीमपुर खीरी, सीतापुर, हरदोई, बाराबंकी, बिजनौर, मुरादाबाद, रामपुर, बरेली, पीलीभीत।

एइजो बरसी बादल

प्रतापगढ़, जौनपुर, गाजीपुर, आजमगढ़, मऊ, बलिया, फर्रुखाबाद, कन्नौज, कानपुर देहात, कानपुर नगर, उन्नाव, लखनऊ, रायबरेली, अमेठी, सुल्तानपुर, अयोध्या।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]