Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

7 अगस्त से 30 तक उधना खातिर चली ट्रेन : छपरा से स्पेशल रेल के परिचालन, देखीं पूरा शेड्यूल

64
Google Ads 300*250 for posts

रेलवे प्रशासन यात्री सुविधा खातिर ट्रेन संख्या 09061/09062 उधना-छपरा-उधना साप्ताहिक विशेष गाड़ी के संचालन विस्तार कइले बा। उधना से 7, 14, 21 आ 28 अगस्त दिन बुध के आ छपरा से 9, 16, 23 आ 30 अगस्त के दिन सुक के चार फेरन खातिर चलावल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत जानकारी साझा कइले बाड़ें। ऊ बतवलें बाड़ें कि एह ट्रेन के संचालन से छपरा के यात्रियन के उधना तक के यात्रा करे में सहूलियत मिली। छपरा से उधना खातिर ई एकमात्र ट्रेन हs।

गाड़ी 7 बजे पहुंची छपरा

ट्रेन संख्या 09061 उधना-छपरा अनारक्षित साप्ताहिक विशेष गाड़ी 7, 14, 21, 28 अगस्त दिन बुध के उधना से 22:50 बजे प्रस्थान कs के चलथान से 23:09 बजे, बारडोली से 23:24 बजे, दूसरका दिन नंदुरबार से 1:20 बजे, अमलनेर से 2:22 बजे, भुसावल से 4:45 बजे, खंडवा से 6:50 बजे, इटारसी से 9:20 बजे, जबलपुर से 13:10 बजे, कटनी से 14:50 बजे, सतना से 16:30 बजे, मानिकपुर से 17:50 बजे, प्रयागराज छिवकी से 19:40 बजे, तीसरका दिन वाराणसी जं. से 00:40 बजे, जौनपुर से 02:42 बजे, गाजीपुर सिटी से 4:35 बजे आ बलिया से 5:32 बजे छूटके छपरा 7 बजे पहुंची।

वाराणसी के रास्ते चली ट्रेन

वापसी यात्रा में, 09062 छपरा-उधना अनारक्षित साप्ताहिक विशेष गाड़ी 9, 16, 23 आ 30 अगस्त दिन सुक के छपरा से 10 बजे प्रस्थान कs के बलिया से 11;32 बजे, गाजीपुर सिटी से 12:35 बजे, जौनपुर से 14:12 बजे, वाराणसी जं. से 16:25 बजे, प्रयागराज छिवकी से 21:25 बजे, मानिकपुर से 23:00 बजे, दूसरका दिन सतना से 00:20 बजे, कटनी से 1:55 बजे, जबलपुर से 3:35 बजे, इटारसी से 07:10 बजे, खंडवा से 10:35 बजे, भुसावल से 12:45 बजे, अमलनेर से 14:07 बजे, नंदुरबार से 15:35 बजे, बारडोली से 17:27 बजे आ चलथान से 17:47 बजे छूटके उधना 18:30 बजे पहुंची।

एह गाड़ी में सामान्य द्वितीय श्रेणी के 16, साधारण श्रेणी कुर्सीयान के दुगो आ एस.एल.आर./डी. दुगो कोचन सहित कुल 20 कोच लगावल जाई।

919940cookie-check7 अगस्त से 30 तक उधना खातिर चली ट्रेन : छपरा से स्पेशल रेल के परिचालन, देखीं पूरा शेड्यूल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.