[the_ad_group id="30365"]

फिलहाल शेख हसीना कुछ समय से भारत में बाड़ी… संसद में विदेश मंत्री जयशंकर कहले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बांग्लादेश के ताजा हालात पर विदेश मंत्री एस जयशंकर राज्यसभा में बयान दिहले बाड़न। एह बयान में ऊ बतवले कि कवना हालात में पूर्व पीएम के भारत ले आवल गइल बा आ फिलहाल ओहिजा के हालत कइसन बा।

विदेश मंत्री एस जयशंकर मंगल के दिने राज्यसभा में बांग्लादेश के ताजा हालात पर आपन बयान दिहलन। ऊ कहले कि पूर्व प्रधानमंत्री शेख हसीना हमनी के भारत आवे के तत्काल निहोरा कइली आ भारत सरकार उनका के सुरक्षित भारत पहुंचे के इंतजाम कइलस। भारत सरकार बांग्लादेश में अपना नागरिकन से संपर्क में बिया। वर्तमान में लगभग 90 हजार भारतीय उहाँ मौजूद बाड़े।

ऊ कहले कि ढाका के भारतीय उच्चायुक्त आ चटगांव के सहायक उच्चायुक्त लगातार हमनी के रिपोर्ट भेजत बाड़े। हमनी के बांग्लादेश में अल्पसंख्यक समुदाय के सुरक्षा के चिंता बा। पिछला 24 घंटा के दौरान उहाँ बहुत कुछ बदल गइल बा। ई बहुत संवेदनशील मुद्दा बा। हम एह मुद्दा पर सदन से सहयोग चाहत बानी।

ऊ कहले कि बांग्लादेश हमनी के बहुत करीबी बा। जनवरी से उहाँ तनाव बा। बांग्लादेश में जून-जुलाई में हिंसा भइल रहे। हमनी के ओहिजा के राजनीतिक दल से संपर्क में रहनी जा। सुप्रीम कोर्ट के आदेश के बाद बांग्लादेश में हालात बदल गइल आ हालात अइसन बदल गइल कि शेख हसीना के इस्तीफा देबे के पड़ल। हालात 4 अगस्त के सबसे जादे खराब हो गइल ।

जयशंकर कहले कि उहाँ के अल्पसंख्यक पs हमला सबसे जादे चिंता के विषय बा। शेख हसीना फिलहाल भारत में बाड़ी। हमनी के भारतीय समुदाय के संपर्क में बानी जा। कई गो विद्यार्थी लवट आइल बाड़े। हमनी के हाई कमीशन सक्रिय बा। हमनी के उम्मीद बा कि उहाँ के सरकार हमनी के नागरिक के सुरक्षा दिही।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]