[the_ad_group id="30365"]

वाराणसी में दर्दनाक हादसा: कार आ ट्रक के भिड़ंत में आठ लोगन के मउत, खाली एगो लइका के बचल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वाराणसी से एगो दुखद हादसा के खबर आ रहल बा। वाराणसी के सुरही गाँव में एगो कार आ ट्रक के टक्कर में आठ लोग के मउत हो गइल बा। मरेवाला सभे के पहचान पीलीभीत निवासी के रूप में भईल बा। जानकारी के मुताबिक सभे दर्शन अवुरी पूजा खातीर वाराणसी आईल रहले अवुरी वापस घरे लवटत रहले। घटना के जानकारी मिलते आला अधिकारी मउका पs पहुंचले।

वाराणसी-लखनऊ राजमार्ग पs सुरही गाँव में आगे बढ़त ट्रक के पीछे तेज रफ्तार से आवत अर्टिगा कार टकरा गइल। गाड़ी में सवार लोग काशी विश्वनाथ के दर्शन आ पूजा क के लवटत रहले। बतावल जाता कि घटना सबेरे चार बजे के आसपास भईल बा। सभे के परिवार के लोग के सूचना दिहल गईल बा। आठ बरीस के एगो बच्चा बच गइल आ ओकर हालत गंभीर बतावल जात बा। मरेवाला सभे ग्राम मुजफ्फरनगर डाकखाना दूधियाखुर्द थाना पूरनपुर जिला पीलीभीत के निवासी हवे। घटना के जानकारी मिलते परिवार के लोग में कोहराम मच गईल।

मउका पs मौजूद व्यक्ति घटना के बारे में बतवले। उ बतवले- हम सुतल रहनी कि सबेरे चार बजे के करीब जोरदार आवाज भईल। जब हमनी के देखे गईनी जा त एगो गाड़ी के नुकसान भईल रहे अवुरी ओकरा में चार लोग के मउत हो गईल रहे।

 मरे वाला लोग के ब्यौरा दिहल गइल बा

मरेवाला लोग में माधोटांडा क्षेत्र के गांव रुद्रपुर निवासी विपिन यादव (32 साल) अवुरी उनुकर महतारी गंगा देवी (48 साल) शामिल बाड़ी। बाकी परिवार भी ओही गाँव के बा। महेन्द्र पाल (43) के साथे उनकर पत्नी चंद्रकाली (40) आ भाई दामोदर प्रसाद (35) पूरनपुर क्षेत्र के मुजफ्फरनगर गांव निवासी भाई दामोदर प्रसाद के पत्नी निर्मला देवी (32) आ पांच साल के बेटा शांति स्वरूप के साथे गइल रहले। एकरी अलावा माधोटांडा क्षेत्र के धरमंगदपुर गांव निवासी राजेंद्र पुत्र राम भजन (55) भी शामिल रहले। पुरनपुर क्षेत्र के पिपरिया दुलाई निवासी अमन (24) गाड़ी चलावत रहले। दुर्घटना में पांच साल के बच्चा शांति स्वरूप के हालत गंभीर बतावल जाता। बाकी सब लोग के मउत हो गईल बा।

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ एह घटना पs दुख जतवले बाड़न। एक्स पs सीएम के आधिकारिक अकाउंट से एगो पोस्ट में लिखल बा-

‘मुख्यमंत्री श्री योगी आदित्यनाथ जी महाराज वाराणसी जिला में सड़क दुर्घटना में जान जाए के गहरा दुख जतवले बाड़े।’महाराज जिला प्रशासन के अधिकारी के घायल के उचित इलाज के निर्देश देले बाड़े। दिवंगत आत्मा के शांति आ घायल लोग के जल्दी ठीक होखे के कामना करत महाराज बाबा विश्वनाथ शोक संतप्त परिवार के लोग के प्रति संवेदना जतवले बाड़े।’

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]