[the_ad_group id="30365"]

SRK के फिलिम ‘स्वदेस’ के हीरोइन गायत्री जोशी के लैम्बोर्गिनी टकराइल फेरारी से, दु लोगन के मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड के ‘बादशाह’ अभिनेता शाहरुख खान के संगे फिल्म ‘स्वदेस’ में देखाई देवे वाली अभिनेत्री गायत्री जोशी अवुरी उनुका पति विकास ओबेरॉय के गाड़ी के इटली यात्रा करत घरी दुर्घटना हो गईल।

दुर्घटना के समय गायत्री अवुरी उनुकर पति विकास सार्डिना में छुट्टी मनावत रहले। बतावल जाता कि गायत्री अवुरी विकास के गाड़ी कई गाड़ी अवुरी एगो कैंपर गाड़ी से टकरा गईल। विकास ओबेरॉय के मैनेजर के मुताबिक पति-पत्नी सुरक्षित बाड़े।

ई दुर्घटना टेउलाडा से ओल्बिया तक के लग्जरी कार परेड सार्डिनिया सुपरकार टूर के दौरान भइल।

गायत्री जोशी अवुरी उनुकर पति विकास ओबेरॉय अपना लैम्बोर्गिनी कार में सफर करत रहले, एही बीच उनुकर लग्जरी कार फेरारी अवुरी कैम्पर गाड़ी से टकरा गईल।

सार्डिनिया के एगो ग्रामीण सड़क पs भईल ए टक्कर के चलते गाड़ी पलट गईल अवुरी बहुत गाड़ी एक दूसरा से टकरा गईल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक फेरारी कार में आग लाग गईल, जवना में सवार 63 साल के मेलिसा क्रौटली अवुरी 67 साल के मार्कस क्रौटली के मउत हो गईल। क्रौटली जोड़ी मूल रूप से स्विट्जरलैंड के निवासी रहले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]