[the_ad_group id="30365"]

रूद्रप्रयाग में दर्दनाक हादसा, मूसलाधार बरखा के बीचे मलबा में दबले 4 लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बियफ़ें-शुक के बीच के रात उत्तराखंड के रुद्रप्रयाग में भईल भारी बरखा के चलते चार लोग मलबा के नीचे दफन हो गईले। मूसलाधार बरखा के चलते पहाड़ में भूस्खलन भईल अवुरी चार लोग प्रभावित हो गईले। रात के 1:30 बजे फाटा हेलीपैड के सामने खाट गडरे में 4 लोग के मलबा के नीचे दफन होखे के जानकारी मिलल। एकरा बाद बचाव दल के मौका पs भेजल गईल। हालांकि ओहमें से कवनो के बचावल ना जा सकल. बचाव दल सभके लाश बरामद के लेलस।

जिला आपदा प्रबंधन अधिकारी नन्दन सिंह रजवार बतवले कि शुक (23 अगस्त) के दुपहरिया 1.20 बजे फांटा हेलीपैड के नजदीक खाट गडरे के नजदीक मलबा के नीचे दफन 4 लोग के बारे में जानकारी मिलल। जानकारी मिलते राहत आ बचाव के काम खातिर घटना स्थल पs बचाव दल भेजल गइल बा जवन मौका पs दफन लोग के बचावे में लागल बिया. 4 गो लाश बरामद कइला के बाद पुलिस सभे के पोस्टमार्टम खातीर जिला अस्पताल भेज देलस।

नंदन सिंह रजवार बतवले कि मलबा के नीचे दफन लोग के बचाव दल बचा लेले बा। दुर्घटना में जान गंवावे वाला सभे लोग नेपाल के हवे, जवना में तुल बहादुर,पूरना नेपाली, किशना परिहार अवुरी दीपक बुरा शामिल बाड़े। बचाव दल में एसडीआरएफ पुलिस अवुरी डीडीआर एफ के जवान शामिल रहले। बेसी बरखा के चलते उफान में फंसल गधेरे के मलबा के नीचे फंसल चार नेपाली के लाश बचाव दल बरामद कईले बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]