[the_ad_group id="30365"]

बाराबंकी में स्कूल के छज्जा गिर गइल, 40 लईका घायल, हादसा के बाद प्रबंधक फरार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के बाराबंकी में एगो निजी स्कूल के छज्जा गिरला से 40 बच्चा घायल हो गईले। सभे घाही के हालत स्थिर बा। पुलिस अवुरी स्थानीय लोग के मदद से घाही के अस्पताल में भर्ती करावल गईल। मौका पs एसपी दिनेश कुमार सिंह समेत भारी पुलिस बल मौजूद बा। पुलिस आ अउरी लोग के मदद से राहत आ बचाव के काम तेजी से हो रहल बा। घटना के बाद से स्कूल मैनेजर मौका से फरार बाड़े।

इs स्कूल बाराबंकी के जहांगीराबाद थाना क्षेत्र में बा। अवध अकादमी स्कूल में इंटर ले के लइका पढ़े। जानकारी के मुताबिक बच्चा प्रार्थना खातीर जुटल रहले। एह दौरान छज्जा गिरला से करीब 40 बच्चा घायल हो गईले। सौभाग्य के बात ई बा कि एह हादसा में कवनो बच्चा के मउत ना भइल. घाही लोग में अधिकांश बच्चा के मामूली चोट आईल बा। हालांकि जब एतना बड़ संख्या में घायल बच्चा अस्पताल पहुंचले तs चारो ओर अराजकता मच गईल। दु बच्चा के कई गो बिछौना पs एक संगे लेटवा के इलाज कईल गईल। कुछ लइकन के कुर्सी पs बइठा के भी इलाज कइल गइल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]