[the_ad_group id="30365"]

UP: गाजीपुर में दर्दनाक हादसा, काशीदास के पूजा में टेंट में उतरल करंट, सिपाही समेत चार के मौत; कइयन गो लोग झुलसल

एही तार में उतरल रहे करंट आ मऊ इस्थित अस्पताल में पूछताछ करत पुलिस।
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गाजीपुर : मरदह थाना के नरवर गांव में काशीदास पूजन के आयोजन में बांस लगावे के दौरान ऊपर से गुजर रहल हाइटेंशन तार से दर्दनाक हादसा हो गइल। बांस छुआ गइला से सात लोग करंट के चपेट में आके अचेत हो गइल। सभे के अचेतावस्था में उपचार, मऊ इस्थित चिकित्सालय में ले जाइल गइल।

हाइटेंशन तार के चपेट में आवे वाला रविंद्र यादव (28), गोरख यादव (20), छोटू यादव (35), संतोष यादव (25), अमन यादव (22), अमेरिका यादव (16), जितेंद्र यादव (16) के मऊ चिकित्सालय भेजल गइल बा। दर्दनाक हादसे के सूचना पाके मवका पs पहुंचल पुलिस झुलसल लोगन के एंबुलेंस के सहायता से अस्पताल भिजवावल।

जानकारी के अनुसार, मरदह थाना के पिपनार गांव में काशीदास बाबा के पूजा के तइयारी के दौरान झंडा लगा रहल सात लोग हाइटेंशन तार के चपेट में आ गइल। हादसा में चार लोगन के मौत हो गइल। ओहिजा, तीन लोग गंभीर रूप से झुलस गइल।

परिजनन में मचल कोहराम

मृतकन में रविंद्र यादव, अजय यादव, छोटेलाल, अमन यादव सामिल बा। ओहिजा, अमेरिका यादव, संतोष यादव, जितेंद्र यादव गंभीर बा लोग, जेकर इलाज चल रहल बा। मृतकन में रविंद्र यादव उत्तर प्रदेश पुलिस में काॅन्सटेबल रहस। ऊ आंबेडकर नगर जनपद में तैनात रहलें।

Read Also: International Tea Day: 21 मई के दिने काहे मनावल जाला अंतरराष्ट्रीय चाय दिवस?

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]