[the_ad_group id="30365"]

America: ट्रेन के चपेट में अइले कईगो पैदल यात्री, कम से कम 2 लोगन के भइल मउत

अमेरिका ट्रेन हादसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फ्रीमोंट : अमेरिका के उत्तरी ओहियो में ट्रेन से कई गो पैदल चले वाला लोग के टक्कर मारला से दु लोग के मउत हो गईल अवुरी कम से कम एक आदमी लापता बा। डब्ल्यूटीओएल-टीवी के खबर बा कि दुर्घटना साँझ सात बजे के आसपास भइल बा. अतवार के दिने फ्रीमोंट में भइल. फ्रीमोंट एरी झील के लगे, टोलेडो आ क्लीवलैंड के बीच में बा। फ्रीमोंट के मेयर डैनी सैंचेज दू गो मौत के पुष्टि कइले बाड़न. 

लापता आदमी के तलाश जारी बा

डब्ल्यूटीओएल-टीवी के खबर के मुताबिक, कम से कम एक आदमी लापता बाड़े अवुरी आपातकालीन दल माइल्स न्यूटन ब्रिज के नजदीक सैंडस्की नदी में उनुकर खोज करत बाड़े। एहतियात के तौर पs अधिकारी पुल बंद कs देले बाड़े। फ्रीमोंट पुलिस सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स के माध्यम से कहलस कि पुल बंद कs दिहल गईल बा अवुरी लोग से एs इलाका से बचे के निहोरा कईल जाता।  

एकरा से पहिले भी दुर्घटना हो चुकल बा

अमेरिका में एहसे पहिले रेल दुर्घटना भइल बा. साल 2014 में अरकंसास में यूनियन पैसिफिक के दू गो ट्रेन आमने सामने टकरा गइल रहली सs। एह हादसा में तीन लोग के मउत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइल. इs दुर्घटना सिग्नल सिस्टम के खराबी के चलते भईल, जवना के चलते दुनो ट्रेन एकही पटरी पs आईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: गर्दन के समस्या करत बा परेसान, तs रोजे करीं इs Exercise

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]