Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कतर में विश्व कप का बाद पद छोड़िहे ब्राजील के कोच टिटे

1,280

ब्राजील के कोच टिटे दिसंबर में कतर में होखे आला फुटबॉल विश्व कप का बाद आपन पद छोड़ दिहे। टिटे सुक के ‘स्पोरटीवी चैनल’ के संगे साक्षात्कार के बेरा कहले, “हम विश्व कप के अंत ले टीम से जुडल रहेम। ई ए बारे में बात करे के सेम नइखे बाक़िर हम कवनों चिझ लुका के राखल नइखी चाहत।” टिटे 2016 से टीम के संगे जुडल बाड़े। साठ साल के टिटे बाक़िर एह बात के खुलासा ना कइले कि विश्व कप का बाद ऊ का करिहे।

ब्राज़ील के टीम कतर में होखे आला विश्व कप ला पहिलही आपन जगे बना चुकल बा, जबकि अभियो दु दौर के अमरिकी क्वालिफायर बाकी बा। ब्राज़ील के ई परंपरा रहल बा कि ऊ विश्व कप जीतला के बादो अपना कोच के कार्यकाल ना बढ़ावे।

222510cookie-checkकतर में विश्व कप का बाद पद छोड़िहे ब्राजील के कोच टिटे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.