Record: रोनाल्डो बनवलें एगो आउर विश्व रिकॉर्ड, यूट्यूब चैनल लॉन्च करतही 90 मिनट में 10 लाख सब्सक्राइबर्स

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 22, 2024

पुर्तगाल के दिग्गज फुटबॉलर क्रिस्टियानो रोनाल्डो बुध के आपन यूट्यूब चैनल लॉन्च कइलें। रियल मैड्रिड के पूर्व स्टार के फैंस उनका चैनल के सदस्यता लेवे आ ऊ कवना तरे से आपन जिनगी जियेलें, ई जाने

Share

पुर्तगाल के दिग्गज फुटबॉलर क्रिस्टियानो रोनाल्डो बुध के आपन यूट्यूब चैनल लॉन्च कइलें। रियल मैड्रिड के पूर्व स्टार के फैंस उनका चैनल के सदस्यता लेवे आ ऊ कवना तरे से आपन जिनगी जियेलें, ई जाने खातिर यूट्यूब पs उमड़ पड़ल लो। फैंस के उत्सुकता एतना जादे रहे कि रोनाल्डो सबसे तेज एक मिलियन माने 10 लाख ग्राहकन खातिर यूट्यूब के रिकॉर्ड तोड़ देलें। रोनाल्डो ई उपलब्धि मात्र 90 मिनट में हासिल कइलें।

एतनही ना, रोनाल्डो के चैनल के लॉन्च होखला के एक दिन से कम समय में अब 11 मिलियन से बेसी सब्सक्राइबर्स हो चुकल बा लो। फुटबॉल स्टार अपन सोशल मीडिया अकाउंट्स के माध्यम से अपना यूट्यूब चैनल के शुरुआत के घोषणा कइले रहस, जहां उनकर के बड़ पैमाना पs फॉलोअर्स बा। रोनाल्डो के ‘एक्स’ प्लेटफॉर्म पs 112.5 मिलियन, फेसबुक पs 170 मिलियन आ इंस्टाग्राम पs 636 मिलियन फॉलोअर्स बा।

रोनाल्डो चैनल लॉन्च के एलान करत अपना सोशल मीडिया अकाउंट पs पोस्ट कइलें, ‘इंतजार खत्म हो गइल बा। हमार यूट्यूब चैनल आखिरकार जारी हो चुकल बा। एह नया यात्रा पs हमरा संगे जुड़ीं।’ पहिला वीडियो पोस्ट कइला के कुछ घंटन बाद, 1.69 मिलियन फैंस चैनल के सब्सक्राइब कs चुकल रहे लो। सर्वकालिक महान फुटबॉलरन में से एगो रोनाल्डो वर्तमान में सऊदी प्रो लीग में अल नस्र खातिर खेलेले।

फुटबॉलर हाले में यूरो 2024 में भाग लेले रहस, बाकिर अपना टीम के खिताब ना दिला सकलें। 39 साल के ई फुटबॉलर अपना करियर के अंतिम चरण में बाड़ें। उनकर सानदार शारीरिक फिटनेस के वजह से ऊ अब तक बिना कवनो परेसानी के खेलते दिख रहल बाड़ें, बाकिर हs उनकर गोल करने की क्षमता में कमी आई है। रोनाल्डो के यूरोपीय अभियान एकर सबसे अच्छा उदाहरण रहे, जहां ऊ बॉक्स के अंदर से गोल करे में सक्षम ना हो सकल रहस, जबकि उनका टीम के गोल की सख्त जरूरत रहे। उम्मीद कइल जा रहल बा कि रोनाल्डो रिटायर होखला के बाद धीरे-धीरे कंटेंट क्रिएशन आ आउर बेवसायन में चल जइहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.