एक क्लिक में जानीं साँझ तक के 10 गो सबसे बड़ खबर

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 26, 2022

रूस आ फ्रांस के बीचे तनाव- रूस के कार्गो शिप पs फ्रेंच नेवी के कब्जा; यूक्रेन में मवजूद जापान के जहाज पs मिसाइल हमला। रूसी मीडिया के बड़ दावा- यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की राजधानी कीव

Share

  1. रूस आ फ्रांस के बीचे तनाव- रूस के कार्गो शिप पs फ्रेंच नेवी के कब्जा; यूक्रेन में मवजूद जापान के जहाज पs मिसाइल हमला।
  2. रूसी मीडिया के बड़ दावा- यूक्रेन के राष्ट्रपति जेलेंस्की राजधानी कीव छोड़के भगले।
  3. यूक्रेन में फसल भारतीय लोगन के रोमानिया से लेके आ रहल बा एयर इंडिया के फ्लाइट, 219 छात्र बा लो सामिल। मुंबई में होखी लैंडिंग।
  4. पुतिन के बड़ बयान- यूक्रेन का बाद स्वीडेन आ फिनलैंड के रूस के चेतावनी, नाटो में सामिल होखला पs अंजाम होई बाउर।
  5. फेर झारखंड हाईकोर्ट पहुंचल सातवाँ JPSC विवाद, संशोधित परिणाम के देहल गइल चुनौती।
  6. भारत-श्रीलंका दूसरा टी-20 आज, रोहित शर्मा के कप्तानी में भारत एगो आउर सीरीज जीते के करी कोसिस।
  7. UNSC में निंदा प्रस्ताव के समर्थन ना करे ला रूस भारत के धन्यवाद देलस।
  8. देस में स्वास्थ क्षेत्र में सुधार आ बदलाव कइल गइल, गंभीर बेमारियन के इलाज के सुविधा ब्लॉक स्तर पs पहुंचावे पs बा ज़ोर- PM मोदी
  9. UP ELECTION- पांचवा चरण में बिहान होई 12 जिला के 61 सीट पs मतदान।
  10. देश में 24 घंटा में मिलल कोराना के 11,499 नाया ममिला, 255 मरीजन के मौत।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.