मेसी, रोनाल्डो, एम्बाप्पे ना 28 साल के ई खिलाड़ी जीतल बेलन डी ऑर, रियल मेड्रिड अवॉर्ड शो के कइलस बहिष्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 29, 2024

स्पोर्ट्स डेस्क, खबर भोजपुरी। फुटबॉल के दुनिया के सबसे बड़ अवॉर्ड- बेलन डी ऑर, जीते के रेस में 28 साल के खिलाड़ी  किलियन एम्बाप्पे जइसन दिग्गज के पछाड़ देले बा। एह खिलाड़ी के नाम बा

Share

रोड्री जीतलें एह साल के बेलन डी ऑर

स्पोर्ट्स डेस्क, खबर भोजपुरी। फुटबॉल के दुनिया के सबसे बड़ अवॉर्ड- बेलन डी ऑर, जीते के रेस में 28 साल के खिलाड़ी  किलियन एम्बाप्पे जइसन दिग्गज के पछाड़ देले बा। एह खिलाड़ी के नाम बा रोड्री। मैनचेस्टर सिटी खातिर खेले वाला स्पेनिश मिडफील्डर पहिला बार ई पुरस्कार जीतले बा। मैनचेस्टर सिटी लगातार चउथा बेर इंग्लिश प्रीमियर लीग के खिताब अपना नामे कइलस। हालांकि, एगो हैरानी भरल बात ई रहल कि स्पेन के दिग्गज फुटबॉल क्लब रियल मेड्रिड एह अवॉर्ड शो के बहिष्कार कइलस।

माना जात रहे कि क्लब के विनिसियस जूनियर अबकी बार ई खिताब जीतिहें, बाकिर अइसन कुछ ना भइल। अइसन में रियल मेड्रिड पेरिस में भइल अवॉर्ड शो में ना जाये के फैसला कइलस। क्लब बतवलस कि विनिसियस के संगे जवन भइल बा ओकरा बाद क्लब आपन प्रतिनिमंडल अवॉर्ड शो में ना भेजी।

रक्तदान:  फेस ऑफ फ्यूचर इंडिया के ओर से स्वैच्छिक रक्तदान शिविर के भइल आयोजन

28 साल के रोड्री एह साल मैनचेस्टर सिटी के खिताबी जीत दिलावे में अहम रोल निभवले रहलें। ऊ यूरो 2024 में प्लेयर ऑफ द टूर्नामेंट बनल रहस। अवॉर्ड शो के बाद प्रेस कॉन्फ्रेंस में जब रोड्री से रियल मेड्रिड के बा आवे के बारे में पूछल गइल तs ऊ डिप्लोमेटिक जवाब देलें। ऊ कहलें, “ई ओह लोगन के फैसला बा। ऊ कवनो कारणन से इहां ना आइल चाहत रहे लो। हमार ध्यान खाली हमरा पs आ हमरा क्लब पs बा।”

एह अवॉर्ड के आयोजक लोग साफ कइले रहे लो कि विजेता के नाम के शो से पहिले तक गोपनीय रखल जाई, बाकिर कवनो तरे ई लीक हो गइल आ स्पेन के क्लब एह शो में हिस्सा ना लेवे के फैसला कइलस। जहां तक महिला कैटेगरी के बात बा तs स्पेन के स्टार खिलाड़ी आ बार्सिलोना खातिर खेले वाली एइटाना बोनमाटी के हिस्सा ई अवॉर्ड आइल।

रियल मेड्रिड खड़ा कइलस विवाद

रियल मेड्रिड के ड्रामा अवॉर्ड शो से कुछ देर पहिले सुरू भइल। रियल मेड्रिड के कहनाम रहे कि जदि ई अवॉर्ड जूनियर विनिसस के ना मिली तs एकरा के उनके क्लब के डानी कारवाल के मिले के चाहीं। डानी वेम्बले स्टेडियम में खेलल गइल चैंपियंस लीग के फाइनल में बोरुसिया डॉर्टमंड के खिलाफ मैच में गोल कइले रहस। क्लब समाचार एजेंसी एएफपी से कहलें, “जदि अवॉर्ड के पैमाना के हिसाब से विनिसस विजेता नइखन तs फेर डानी के विजेता होखे के चाहीं।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.