Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar: चोर के भारी पड़ गइल मोबाइल छीनल, ट्रेन के जंगला से 15 किलोमीटर लटका के ले गइले यात्री

बिहार में ट्रेन में चोरी करे वाला युवक के यात्रियन द्वारा अइसन सजा दिहल गइल बा कि ऊ अब कबो चोरी करे के बारे में सोचबो ना करी। फिलहाल, चोर के जीआरपी सुसंगत धारा में ममिला दरज क के ओकरा के जेल भेज देले बिया।

465

हर दिने ट्रेन आ स्टेशनन प चोरी के घटना सामने आवत रहेला। ओहूमे, जब बात बिहार के स्टेशनन के होखे तs कहही के का बा। इहां पलक झपकतही चोर अपना कारनमा के अंजाम दे देत बाड़ें सs। हालांकि कबो-कबो चोरन प ओकनिये के कारनामा भारी पड़ जाला। अइसने एगो वाकया बिहार के बेगूसराय में सामने आया है। इहां जइसही चोर प्लेटफार्म से रवाना हो रहल ट्रेन के खिड़की में हाथ डालके यात्री के मोबाइल फोन छीने के कोसिस कइलस तबे यात्री ओकर हाथ पकड़ लेलस आ ओकरा ले ट्रेन के बाहर लटकाके अगिला स्टेशन तक ले गइल। बाद में अगिला  स्टेशन प ओकरा के जीआरपी के हवाले कइल गइल। एह घटना के वीडियो वायरल हो गइल बा।

मिलल जानकारी के मोताबिक, घटना 14 सितंबर के बेगूसराय से खगडिया जाये वाला ट्रेन में भइल। जब ट्रेन साहेबपुर कमाल स्टेशन से खगड़िया खातिर रवाना होत रहे,, तबे एगो चोर जंगलन से एगो यात्री के मोबाइल छीने के कोसिस कइलस। हालांकि यात्री के चौकन्ना होखला के कारण ऊ अपना कोसिस में कामयाब ना हो सकल उल्टा ओकर जान प बन आइल। असल में, जइसही चोर  प्लेटफार्म से रवाना हो रहल ट्रेन के जंगला में हाथ डालके यात्री के मोबाइल फोन छीने के कोसिस कइलस तबे यात्री ओकर हाथ पकड़ लेलस। ओकरा बाद आउर यात्री लोग मिलके ओकर दूसरको हाथ पकड़के खींच लिहल। तब ले ट्रेन प्लेटफार्म छोड़ चुकल रहे। जवना के बाद यात्री ओकरा के करीब 15 किलोमीटर दूर अगिला स्टेशन तक अइसही खिड़की से लटकाके ले गइल लो। एह दौरान चोर यात्रियन से छोड़ देवे के मिन्नत करत रहल। ऊ बेर बेर कहत रहल कि छोड़ दs भईया… मर जाएम…।

बााद में ओकरा के खगड़िया स्टेशन प जीआरपी के हवाले कइल गइल। जीआरपी की पूछताछ में ऊ आपन नाम पंकज कुमार बतवले बा। ऊ साहेबपुर कमाल थाना क्षेत्र के रहिनिहार हs। फिलहाल जीआरपी सुसंगत धारा में ममिला दर्ज क के ओकरा के जेल भेज देले बिया। गौर करे वाला बात बा है कि बिहार के कइयन गो स्टेशनन प चोरी के एह तरे के घटना आए दिन होत रहेला।

331250cookie-checkBihar: चोर के भारी पड़ गइल मोबाइल छीनल, ट्रेन के जंगला से 15 किलोमीटर लटका के ले गइले यात्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.