[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur: जीडीए के रोहिणी अपार्टमेंट में घर खातिर नवरात्र में शुरु होई पंजीकरण, 2025 में मिली कब्जा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के मानबेला में प्रस्तावित आवासीय योजना रोहिणी अपार्टमेंट के नवरात्र से शुभारंभ माने 26 सितंबर से शुरू होई। एही दिन से फ्लैट के पंजीकरण शुरू हो जाई। दिवाली से पहिले आवंटन खातिर लॉटरी प्रक्रिया पूरा कइल जाई। नवंबर से निर्माण के काम शुरू करे के योजना बा। दिसंबर 2025 में आवंटियन के कब्जा मिल जाई। पहिले 15 सितंबर से पंजीकरण शुरू करे के तइयारी रहे।

एह आवासीय योजना में टू बीएचके के 256 फ्लैट प्रस्तावित बा। हर फ्लैट के कीमत 29 से 38 लाख रुपिया तय कइल गइल बा। जीडीए उपाध्यक्ष बतवले कि योजना में आठ ब्लॉक बनावल जाई। चारो तरह के श्रेणी के ब्लॉकन में 64-64 फ्लैट होई।

जीडीए उपाध्यक्ष बतवले कि ई योजना 5.06 एकड़ में विकसित कइल जाई। एक ब्लॉक भूतल समेत चार मंजिल के होई। एक ब्लॉक में 32 आवास होई। ग्राउंड फ्लोर के खातिर लोगन के सबसे जादे रकम देवे के होई। करीब 54.64 वर्ग मीटर कारपेट एरिया वाला एह सेमी फर्निश्ड भूतल आवास के कीमत करीब 37 लाख 67 हजार आ पहिला, दूसरा आ तीसरा तल्ला के आवासन कबकीमत 29 लाख चार हजार रुपिया होई।

एक नजर में फ्लैट

  • 54.64 वर्ग मीटर: एगो फ्लैट के कारपेट एरिया
  • 1 लिविंग रूम कम डायनिंग रूम
  • 2 बेड रूम
  • किचन
  • मल्टीपरपज बरामदा/ बॉलकनी
  • ओपेन कार स्पेस
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]