Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नौकरी के अवसर : झारखंड में 10वीं पास उम्मीदवारन खातीर 455 पदन पs भर्ती, जानि आवेदन कइसे करीं

884

 

 

रांची : अगर रउआ 10वीं पास बानी आ नौकरी के तलाश में बानी त रउआ खातिर एगो बढ़िया खबर बा। झारखंड स्टाफ चयन आयोग (जेएसएससी) के ओर से झारखंड मैट्रिक स्तर संयुक्त प्रतियोगी परीक्षा (जेएमएलसीसीई) 2023 के तहत दु अलग-अलग श्रेणी में कुल 455 पद खातीर ऑनलाइन आवेदन आमंत्रित कईल गईल बा। आवेदन के प्रक्रिया शुरू हो गईल बा। आवेदन के आखिरी तारीख 3 अगस्त के तय बा। सरकार के उद्यान विभाग के तहत कीटपालक आ समकक्ष खातिर कुल 268 पद बहाल करे के बा। एकरा अलावे कुशल कारीगर अवुरी समकक्ष पद खातीर कुल 187 पद खातीर आवेदक के बोलावल गईल बा। इ दुनो पद ग्रुप सी के तहत बा। खेल प्रतियोगिता में बेहतर प्रदर्शन करे वाला लोग खातिर अलग-अलग श्रेणी में आरक्षण के प्रावधान कईल गईल बा।

एह पदन के योग्यता का बा

कीटपालक करे वाला आ समकक्ष : न्यूनतम मैट्रिक, मान्यता प्राप्त शैक्षणिक संस्थान से 10वीं कक्षा आ झारखंड रेशम तकनीकी विकास संस्थान, चाईबासा से सेरीकल्चर, रेशम बुनाई, रेशम रंगाई के छपाई में एक साल के प्रमाणपत्र कोर्स भा दू वर्षीय सर्टिफिकेट कोर्स इन सेरिकल्चर, सिल्क विभिंग, सिल्क डाईंग प्रिंटिंग उर्त्तीर्ण आ वर्षीय प्लस टू इंटर व्यवसायिक कोर्स सेरिकल्चर, टेक्सटाइल्स उत्तीर्ण के तारीख सेरिकल्चर, टेक्सटाइल पास अनिवार्य बा।

कुशल शिल्पी : मान्यता प्राप्त संस्थान से न्यूनतम मैट्रिक, हस्तशिल्प में एक साल के प्रमाणपत्र पाठ्यक्रम के साथ दसवीं एवं प्रतिष्ठित संस्थान से हस्तशिल्प क्षेत्र में दो साल के कार्य अनुभव।

आयु सीमा : अनारक्षित आ आर्थिक रूप से कमजोर वर्ग खातिर 35 साल, बेहद पिछड़ा वर्ग से लेके अनुसूचित जनजाति, अनुसूचित जाति तक के लोग खातिर अलग-अलग उमिर सीमा में ढील दिहल गइल बा। इ अधिकतम 40 साल तक के बा।

परीक्षा शुल्क : आवेदन के परीक्षा शुल्क 100 रुपया तय बा। अनुसूचित जाति आ जनजाति के परीक्षार्थियन के परीक्षा शुल्क 50 रुपिया तय कर दिहल गइल बा।

आवेदन के बारे में जानकारी प्राप्त करीं

संबंधित पद पs आवेदन करे समेत अवुरी जानकारी खातीर झारखंड कर्मचारी चयन आयोग के आधिकारिक वेबसाइट jssc.nic.in पs दिहल ऑनलाइन आवेदन पत्र के माध्यम से उम्मीदवार बनावल जा सकता। आवेदन प्रक्रिया के तहत उम्मीदवार के पहिले रजिस्ट्रेशन करावे के होई अवुरी ओकरा बाद पंजीकृत विवरण के संगे लॉग इन क के उम्मीदवार आपन आवेदन जमा क सकतारे।

 

591500cookie-checkनौकरी के अवसर : झारखंड में 10वीं पास उम्मीदवारन खातीर 455 पदन पs भर्ती, जानि आवेदन कइसे करीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.