[the_ad_group id="30365"]

BPSC BHO Result 2024: बीपीएससी हॉर्टिकल्चर ऑफिसर पद खातिर जारी भइल रिजल्ट; जानीं केतना अंक वाला होई लो पास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

BPSC BHO Result 2024 Out: बिहार लोक सेवा आयोग (BPSC) ब्लॉक बागवानी अधिकारी परिणाम 2024 के घोषणा कs देले बा। परीक्षा में सामिल होखे वाला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट (bpsc.bih.nic.in) पs जाके आपन बीपीएससी बीएचओ परिणाम 2024 चेक आ डाउनलोड कs सकत बा लो। 318 रिक्तियन के भरती खातिर ई परीक्षा 12 आ 13 अगस्त, 2024 के आयोजित कइल गइल रहे। परिणाम पीडीएफ प्रारूप में उपलब्ध बा।

परीक्षा 12 आ 13 अगस्त, 2024 के आयोजित कइल गइल रहे। कुल 10436 उम्मीदवार परीक्षा में सामिल भइल, जेमे से 839 के उत्तीर्ण घोषित कइल गइल बा। भरती अभियान के लक्ष्य कुल 318 रिक्तियन के भरल बा।

एह अंक वाला होई लो पास

बीपीएससी ब्लॉक हॉर्टिकल्चर ऑफिसर (BHO) के न्यूनतम योग्यता अंक (minimum qualifying marks) श्रेणी के आधार पs अलग-अलग हो सकत बा। लिखित परीक्षा में सामान्य वर्ग खातिर 40 %, अत्यंत पिछड़ा वर्ग खातिर 34 %, पिछड़ा वर्ग खातिर 36.5 % आ अनुसूचित जाति आउर अनुसूचित जनजाति, महिला आ दिव्यांग अभ्यर्थियन खातिर 32 % अंक प्राप्त कइल अनिवार्य बा।

आगे का?

बिहार बागवानी परीक्षा खातिर योग्य उम्मीदवारन के अब साक्षात्कार दौरा खातिर बोलावल जाई, जवना के तिथि आयोग के ओर से जल्दिये घोषित कइल जाई। बिहार बीएचओ परीक्षा खातिर उपस्थित होखे वाला सब उम्मीदवार आपन परिणाम देखे खातिर पीडीएफ में “Ctrl + F” फंक्शन के उपयोग कs के आसानी से आपन रोल नंबर खोज सकत बा लो।

रिजल्ट कइसे चेक करीं?

  • सबसे पहिला उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट (bpsc.bih.nic.in) पs जाईं।
  • अब होमपेज पs, BHO परिणाम 2024 लिंक पs क्लिक करीं।
  • लिंक पs क्लिक कइला के बाद एगो PDF फाइल खुली जेमे चयनित उम्मीदवारन के जानकारी होई।
  • PDF में अपना रोल नंबर के खोजे खातिर “Ctrl+F”  के उपयोग करीं।
  • परिणाम देखीं आ डाउनलोड कs लीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]