[the_ad_group id="30365"]

मैट्रिक के सेंटअप परीक्षा आज से सुरू: छपरा में 450 केंद्र पs 72 हजार परीक्षार्थी होई लो सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। सारण में आज से मैट्रिक के सेंटअप परीक्षा के आयोजन कइल जाई। जिला में 450 केंद्रन पs 72000 हजार छात्र-छात्रा परीक्षा में भाग लिही लो। जवना के लेके सब तइयारी पूरा कs लिहल गइल बा। आज 19 नवंबर से 23 नवंबर तक परीक्षा के आयोजन कइल जाये के बा। दु पालियन में परीक्षा के आयोजन होई।

पहिला पाली में सबेरे 9:30 से 12:45 तक होई। जबकि, दूसरका पाली में दुपहरिया 2 बजे से 5:15 तक परीक्षा के आयोजन कइल जाये के बा। 450 इंटर स्कूलन में 72000 हजार परीक्षार्थी भाग लिही लो। 35117 छात्र आ 36934 छात्रा सामिल होई लो। एह सेंटअप परीक्षा से वंचित छात्रन के मुख्य परीक्षा में सामिल ना होखे दिहल जाई।

सेकेंड शिफ्ट में सामाजिक विज्ञान के पेपर

पहिला दिन आज 19 नवंबर के मातृभाषा (हिंदी (101), बांग्ला, मैथिली) परीक्षा सबेरे के शिफ्ट में लिहल जाई। आजे दूसरका पाली में द्वितीय भारतीय भाषा (संस्कृत, हिंदी (106), अरबी, फारसी, भोजपुरी) के एग्जाम लिहल जाई। 20 नवंबर के पहिला शिफ्ट में साइंस आ सेकेंड शिफ्ट में सामाजिक विज्ञान के पेपर होई। 21 नवंबर के पहिला शिफ्ट में इंग्लिश आ दूसरका पाली में जेनरल अंग्रेजी के पेपर होई। 22 नवंबर के अंतिम दिन ऐच्छिक सब्जेक्ट्स के पेपर पहिला आ दूसरका पाली दुनो में होई।

बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के ओर से भेजल गइल प्रश्न पत्र आ कॉफी पs सेंटर परीक्षा के आयोजन कइल जाई। संगही परीक्षा समाप्त होखला के बाद इंटर स्कूल के शिक्षक के कॉपी के मूल्यांकन कs के बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के मूल्यांकन सीट भेजे के निरदेस दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]