[the_ad_group id="30365"]

राजस्थान में बरखा के तबाही, अलग-अलग दुर्घटना में चार गो लोगन के मउत; कई जिला खातीर जारी यलो अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

राजस्थान में पिछला 24 घंटा में मूसलाधार बरखा आ कुछ जगहा बिजली गिरल बा। एकरा संगे राज्य में बरखा से जुड़ल घटना में चार लोग के मउत हो चुकल बा। चित्तौड़गढ़ जिला में करंट लगला से दू जने के मउत हो गइल जबकि समेलिया मजरा में दू गो अलग अलग घटना में दू गो लोग  ( एगो युवक या एगो युवती) के पानी में डूब के मउत हो गइल। पुलिस के कहनाम बा कि चित्तौड़गढ़ में बिजली गिरला से लोठियाना ग्राम पंचायत के समेलिया मजरा गांव के हीरालाल भील अवुरी नंगावली ग्राम पंचायत के पालखेड़ी गांव के केसर बाई के मउत हो गईल।

उ बतवले कि सवाईमाधोपुर के गंगापुर सिटी में शनिवार के रेलवे अंडरपास के नीचे भरल पानी में डूबे के चलते सलेमपुर गांव निवासी ब्रह्म गुर्जर के मउत हो गईल। दूसर ओर शुक्रवार के सांझ के इसरदा बांध में नहाए गईल रामप्रकाश गुर्जर के डूबे के चलते मउत हो गईल।

एतना सेंटीमीटर बरखा भइल

मौसम विभाग के प्रवक्ता बतवले कि शनिचर के सबेरे 8.30 ले सवाईमाधोपुर के गंगापुर में 17 सेंटीमीटर, करौली के सपोटरा में 16, प्रतापगढ में 14, सिरोही के शिवगंज में 14, डूंगरपुर के आसपुर में 14, अजमेर के नसीराबाद में 10, सवाईमाधोपुर के बामनवास आ बौंली में 10-10, डूंगरपुर के साबला में 10, बांसवाडा के दानपुर में 10 आ अन्य जगहन पs 9 से 1 सेमी।

एह जिलन खातिर यलो अलर्ट जारी

अगिला दू दिन खातिर मौसम विभाग अजमेर, अलवर, बांसवाडा, बारां, भरतपुर, भीलवाड़ा, बूंदी, चित्तौड़गढ़, दौसा, धौलपुर, डूंगरपुर, जयपुर, झालावाड़, झुंझुनू, करौली, कोटा, प्रतापगढ़, राजसमंद, सवाईमाधोपुर, सीकर, सिरोही, टोंक समेत कई अन्य जिला में भारी बारिश के ‘यलो अलर्ट’ जारी कईल गईल बा।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]