[the_ad_group id="30365"]

पानापुर में दहेज में बाइक ना देला पs ससुराल के लोग कइल जीविका दीदी के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पानापुर (सारण): पानापुर थाना क्षेत्र के बिजौली गांव में दहेज में बाइक खातिर ससुरालवालन द्वारा एगो विवाहिता के गर दबाके हत्या करे के ममिला सामने आइल बा। मृतका विनोद ठाकुर के पत्नी ममता कुमारी बतावल जात बाड़ी। ऊ जीविका समूह में काम करत रहली। घटना के जानकारी मिलतही स्थानीय पुलिस मवका पs पहुँचल आ शव के कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा भेजववलस। एह ममिला के लेके मृतका के पिता आ भोरहा गांव निवासी अशर्फी ठाकुर स्थानीय थाना में प्राथमिकी दर्ज करवलें बाड़ें।

जेमे मृतका के पति विनोद ठाकुर ,सास चंद्रावती देवी आ विवाहित ननद पुतुल देवी के नामजद कइल गइल बा। दर्ज प्राथमिकी में ऊ कहलें बाड़ें है कि हम अपना लईकी के बियाह 12 साल पहिले विनोद ठाकुर के संगे कइले रहनी। बियाह के बादे से बाइक खातिर हमरा बेटी के संगे ससुरालवाला मारपीट करत रहे लो। सनीचर के की भिनसहरे 4 बजे हमार दामाद फोन कइलें कि राउर बेटी के तबियत बहुते खराब बा। जब हम उहां पहुँचनी तs हमार लईकी के मौत हो चुकल रहे।

पूछताछ करे पs ससुरालवाला लोग धीरे धीरे मवका से फरार हो गइल। मृतका के दुगो बेटा आ एगो पुत्री बा लो। दस साल के आकाश कुमार आ छव साल के बेटा यश फिलहाल ननिहाल में बा लो। ओहिजा सात साल के बेटी अमृता के लेके ससुरालवाला फरार बा लो। थानाध्यक्ष विकास कुमार सिंह बतवलें कि प्राथमिकी दर्ज कs आगे के कार्रवाई कइल जा रहल बा।

साभार: मशरक न्युज (बिहार)

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]