Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मानव अधिकार सहायता संघ पीड़ित आ असहाय लोगन के बीच स्वेटर आ कपड़ा बंटलस

204
Google Ads 300*250 for posts

देवरिया/अखिलेश कुमार सिंह। मानव अधिकार सहायता संघ अंतरराष्ट्रीय पीड़ित आ असहाय लोगन के सलेमपुर रेलवे स्टेशन पs अगल-बगल झुग्गी पड़ियां डालके रहे वाला लोगन के इकट्ठा कs के  स्वेटर आ कपड़ा बंटलस।

एह अवसर पs मुन्नी देवी, रीता देवी, खुशबू देवी, तेतरी देवी सीता देवी, गुड्डी देवी, सुनीता देवी, ज्योति देवी, मंटू, लक्ष्मी पूनम, ललिता, दिलशाद, सुनीता आदि लोगन के वितरण कइल गइल। जेमे पूर्वी उत्तर प्रदेश के प्रदेश प्रभारी आ देवरिया के जिला अध्यक्ष कर्मवीर योद्धा अखिलेश कुमार योगी, दिव्यांग प्रकोष्ठ के प्रदेश उपाध्यक्ष डॉ. पुरुषोत्तम शर्मा, जिला मंत्री महिला प्रकोष्ठ सोनी देवी, जिला कोषाध्यक्ष रंजना देवी, जिला प्रभारी मोहन यादव, दिव्यांग प्रकोष्ठ जिला प्रभारी रामाशंकर यादव,  फुलेना शर्मा, गिरिजन विश्वकर्मा, विधानसभा अध्यक्ष मीडिया प्रभारी महिला प्रकोष्ठ रेखा देवी आदि सब पदाधिकारी “ठंड से कोई डरे नहीं ठंड से कोई मरे नहीं” अभियान चलावल लो। बतावल गइल कि पूरा ठंडी अभियान चलावल जाई।

699220cookie-checkमानव अधिकार सहायता संघ पीड़ित आ असहाय लोगन के बीच स्वेटर आ कपड़ा बंटलस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.