[the_ad_group id="30365"]

प्रशांत कुमार बनले यूपी के नया डीजी, एक जनवरी से संभलीहें कार्यभार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

SDG लॉ एंड ऑर्डर प्रशांत कुमार के प्रमोशन के आदेश जारी कs दिहल गईल बा। ऊ एक जनवरी के डीजी बन जइहें। राज्यपाल खुशी-खुशी उनुका नाम के मंजूरी दे देले बाड़े। बता दीं कि यूपी के 34 गो आईपीएस अधिकारी के पदोन्नति के आदेश जारी हो गइल बा।

एकरा अलावे राज्य के 34 गो आईपीएस अधिकारी प्रमोशन मिलला के बाद डीआईजी बन गईल बाड़े। जवना 34 गो आईपीएस अधिकारी के पदोन्नति मिलल बा, उ 2009 अवुरी 2010 बैच के अधिकारी हवे। प्रमोशन के बाद जल्दिए उनुकर पोस्टिंग ऑर्डर जारी हो जाई।

बता दीं कि प्रशांत कुमार 1990 के आईपीएस अधिकारी हउवें। मूल रूप से बिहार के रहे वाला प्रशांत कुमार के सीएम योगी आदित्यनाथ के बहुत भरोसेमंद अधिकारी मानल जाला। प्रशांत कुमार के अपना बहादुरी के चलते तीन बेर पुलिस पदक मिलल बा। एकरा अलावे उनुका राष्ट्रपति से बहादुरी खातिर पुलिस पदक भी मिलल बा।

प्रशांत कुमार 300 से अधिक बदमाश के काल बनले

अगर यूपी के डीजी बने वाला प्रशांत कुमार के बदमाश के दौर कहल जाव तs कवनो अतिशयोक्ति ना होई। 1990 में आईपीएस बनला के बाद से उ 300 से जादा मुठभेड़ कईले बाड़े।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]