Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Hotshot: तs का OpenAI के बादशाहत खतम कs  दी ई नया एआई टूल, फ्री में बनावेला गजब के वीडियोज

833
Google Ads 300*250 for posts

एआई चैटटूल के बाद अब एआई वीडियोज टूल के मार्केट तेजी से बढ़ रहल बा। तमाम बड़ आ छोटी टेक कंपनी एह पs काम कs रहल बिया। कुछ महीना पहिले ओपनएआई सोरा के लॉन्च कइले रहे जवन टेक्स्ट टू वीडियो एआई टूल हs आ अब एकर टक्कर में एगो नया टेक्स्ट टू वीडियो टूल लॉन्च भइल बा। जवना के नाम Hotshot हs। Hotshot से रउआ 5 सेकेंड तक के वीडियो फ्री में बनवा सकत बानी। एकरा खातिर रउआ खाली एgo टेक्स्ट प्रॉम्प्ट देवे के होई। Hotshot के मुकाबला OpenAI Sora आ Runway जइसे एआई टूल से बा।

का हs Hotshot आ कइसे करीं इस्तेमाल?

Hotshot टेक्स्ट टू वीडियो एआई टूल हs जवना से 600 मिलियन वीडियो क्लिप के संगे ट्रेंड कइल गइल बा। Hotshot माध्यम से रउआ 10 सेकेंड तक के वीडियो बना सकत बानी, हालांकि फ्री वर्जन में खाली 5 सेकेंड के वीडियो बनी। वीडियो के क्वालिटी 720 पिक्सल माने एचडी होई, हालांकि कंपनी के कहनाम बा कि जल्दिये रउआ एकरा से हाई रिजॉल्यूशन वीडियो बना सकेम।

अइसे करीं Hotshot के इस्तेमाल?

Hotshot के वेबसाइट पs गइला के बाद रउआ आपन एगो आईडी बनावे के होई जवन कि फ्री होई। रउआ जीमलो से लॉगिन कs सकत बानी। ओकरा बाद एक विंडो खुली, जेमे रउआ टेक्स्ट लिखके वीडियो बना सकेम। फ्री वर्जन पs रउआ तीन गो वीडियो बना सकेम। सबसे खास बात ई बा कि Hotshot के वीडियो पs वॉटरमार्क नइखे। वीडियो के क्वालिटियो अच्छा बा।

944290cookie-checkHotshot: तs का OpenAI के बादशाहत खतम कs  दी ई नया एआई टूल, फ्री में बनावेला गजब के वीडियोज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.