[the_ad_group id="30365"]

टाटा आपन बेस्ट सेलिंग कार के टैक्स फ्री बना दिहलस, 1 लाख रुपया सस्ता भइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएसडी से गाड़ी खरीदला पs कम gst देवे के पड़ेला। बाजार में आम ग्राहक जहां गाड़ी पs 28% जीएसटी देवेले, उहें सीएसडी में मात्र 14% जीएसटी देवे के पड़ेला।

टाटा पंच देश के सबसे जादा बिके वाली कार में से एगो बिया। बिक्री के मामला में भी स्विफ्ट आ वैगनआर जईसन लोकप्रिय कार के पीछे छोड़ देले बिया। पछिला 6 महीना में ए कार के 1 लाख से जादा यूनिट बिक चुकल बा। अब टाटा मोटर्स एकरा के कैंटीन स्टोर विभाग यानी सीएसडी में एक लाख रुपया के कम दाम पs उपलब्ध करा देले बिया।

Punch

बता दीं कि सीएसडी से गाड़ी खरीदला पर कम जीएसटी देबे के पड़ेला । बाजार में आम ग्राहक जहां गाड़ी पs 28% जीएसटी देवेले, उहें सीएसडी में मात्र 14% जीएसटी देवे के पड़ेला।

टाटा पंच सस्ता में कइसे मिलता

टाटा पंच में ई ऑफर खाली सीएसडी खातिर बा । मतलब कि जदी रउरा परिवार में केहू अइसन बा जे भारतीय सशस्त्र बल, वायुसेना भा नौसेना में सेवा देत बा तs रउरा एह ऑफर के फायदा उठा सकीलें । खास बात ई बा कि अब ए कार के बेस मॉडल बहुत कम दाम पs उपलब्ध बा, जवना के चलते एकरा के खरीदे वाला लोग एक लाख रुपया से जादे के बचत कs सकतारे। पहिले ए मॉडल के शुरुआती कीमत 6.13 लाख रुपया रहे, बाकी अब सीएसडी ग्राहक खातीर एकरा टैक्स फ्री होखला के चलते एकर दाम में भारी गिरावट आइल बा।

Tata

टाटा पंच के खास विशेषता बा

टाटा पंच में 1.2 लीटर के रेवोट्रॉन इंजन बा, जवन कि 86 पीएस के पावर अवरू 113 एनएम के टॉर्क देवेला। मानक के तौर पs 5 स्पीड मैनुअल गियरबॉक्स उपलब्ध बा। टाटा पंच के मैनुअल में 18.97 किमीपीएल आ ऑटोमैटिक में 18.82 किमीपीएल के माइलेज के दावा कइल गइल बा। ए कार में 7 इंच के टचस्क्रीन इन्फोटेनमेंट सिस्टम, ऑटोमैटिक एयर कंडीशनिंग, ऑटोमैटिक हेडलाइट, कनेक्टेड कार टेक्नोलॉजी आदि जईसन बहुत फीचर शामिल बा।

टाटा पंच अपना लॉन्च के बाद से टॉप-10 बेस्ट सेलिंग कार के सूची में आपन जगह बनावतिया। टाटा पंच के ताकत, बढ़िया डिजाइन आ बेहतरीन फीचर के चलते बहुत पसंद कइल जाता। ई कार 5 स्टार ग्लोबल एनसीएपी सेफ्टी रेटिंग के संगे आइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]