Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गाजीपुर में 50 लोगन से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन : आग से छव गो शव निकालल गइल, खिसीआइल भीड़ के पुलिस पs पथराव ; रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

390
Google Ads 300*250 for posts

गाजीपुर में 50 बारातियन से भरल बस पs हाईटेंशन तार गिर गइल। जवना से बस में भीषण आग लाग गइल। जरत आग से छव गो शवन के बाहर निकालल गइल बा। हादसा के बाद खिसिआइल पुलिस प्रशासन पs जमके पथराव कs दिहल। फिलहाल, मवका पs रेस्क्यू ऑपरेशन जारी बा।

बस मऊ के खिरिहा खाजा से बारात लेके महाहर धाम जात रहे। खाली 1 किलोमीटर के रास्ता बचावे खातिर मेन रोड के जगे शॉर्टकट बस के ले जाइल जात रहे। एह बीच, महाहर गांव के लगे पहुंचतही चलत बस हाईटेंशन लाइन से टच हो गइल।

बस में सवार लोगन के पहिले करंट के तेज झटका लागल। एकरा बाद बस धू-धू कs के जरे लागल। कुछे सेकेंड में बस आग के गोला बन गइल। केहू के बस से बहरी निकले के मवका ना मिलल। बस में सवार कइयन लोगन के मौत के आशंका जतावल जा रहल बा।

761470cookie-checkगाजीपुर में 50 लोगन से भरल बस पs गिरल हाईटेंशन : आग से छव गो शव निकालल गइल, खिसीआइल भीड़ के पुलिस पs पथराव ; रेस्क्यू ऑपरेशन जारी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.