एप्पल के नयका लैपटॉप मैकबुक एयर M3 के बिक्री सुरू, जानीं कीमत आ खूबी

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 11, 2024

एप्पल मैकबुक एयर एम 3 : एप्पल आधिकारिक तौर प मैकबुक एयर 13 इंच (एम 3) के संगे-संगे 15 इंच के वेरिएंट लॉन्च कईले बिया। एह सीरीज में कंपनी दुगो स्क्रीन साइज 13 इंच अवरू

Share

एप्पल मैकबुक एयर एम 3 : एप्पल आधिकारिक तौर प मैकबुक एयर 13 इंच (एम 3) के संगे-संगे 15 इंच के वेरिएंट लॉन्च कईले बिया। एह सीरीज में कंपनी दुगो स्क्रीन साइज 13 इंच अवरू 15 इंच के विकल्प जोड़ले बिया। जईसे कि नाम से ही साफ बा कि कंपनी ए एम 3 प्रोसेसर के इस्तेमाल कईले बिया। इ डिवाइस ऑनलाइन अवुरी ऑफलाइन दुनो प्रकार के बाजार में बेचे खाती तैयार बा। अबकी बेर एप्पल कंपनी अपना उपभोक्ता के लैपटॉप के कस्टमाइज करे के विकल्प भी दे रहल बिया।

एप्पल मैकबुक एयर एम 3 के यूजर सिर्फ कस्टमाइजेशन खातीर रंग अवुरी स्टोरेज के विकल्प नईखन चुन सकत। बल्कि एप्पल चिपसेट, चार्जिंग स्पीड, रैम अवरू अतिरिक्त सॉफ्टवेयर जोड़े के विकल्प दे रहल बा। मैकबुक एयर के आप 24GB ले के रैम अवरू 2TB ले के स्टोरेज विकल्प में खरीद सकतानी।

कीमत अवुरी वेरिएंट के बारे में जानीं

मैकबुक एयर एम3 के बेस वेरिएंट में 8GB रैम अवरू 256GB स्टोरेज दिहल गईल बा। बेस वेरिएंट के कीमत 1,14,900 रुपिया बा। इs दाम 30W फास्ट चार्जिंग वाला वेरिएंट खातिर बा। जबकि एकर 70W चार्जिंग वेरिएंट 1,16,900 रुपिया में उपलब्ध बा।

एकर स्पेसिफिकेशन आ ऑफर का बा

नयकी एप्पल मैकबुक एयर एम3 के 13 इंच के मॉडल में 13.6 इंच के लिक्विड रेटिना डिस्प्ले दिहल गईल बा, जवना के रिजॉल्यूशन 2560×1664 पिक्सेल बा। जबकि 15 इंच के मॉडल में 2880×1864 पिक्सेल रिजॉल्यूशन वाला 15.3 इंच के लिक्विड रेटिना डिस्प्ले देखे के मिली।

लैपटॉप में पेश ट्रू टोन डिस्प्ले के पीक ब्राइटनेस लेवल 500 निट ले बा। इs नाया लैपटॉप 2टीबी ले के स्टोरेज विकल्प में बा। एहमें कंपनी 8 कोर के सीपीयू के संगे 8 अवरू 10 कोर जीपीयू के विकल्प दे रहल बिया।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.