Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय में ABVP कार्यकर्तन के जमके हंगामा, कुलपति आ कुलसचिव के जमके पीटाई; पुलिस से भइल झड़प

ABVP Protests Deen Dayal Upadhyaya Gorakhpur University: गोरखपुर विश्वविद्यालय में एबीवीपी कार्यकर्तन के गुस्सा सुक के ओह घरी भड़क उठल जब सबेरे से धरना पs बइठल कार्यकर्तन से वार्ता से इनकार करत कुलपति बाहर बा निकललें। पुलिस के सुरक्षा में कक्ष से बाहर निकललें तs कार्यकर्ता आक्रामक हो गइल लो। कार्यकर्ता कुलपति आ कुलसचिव पs हमला कs दिहल लो।

558

ABVP Protests Deen Dayal Upadhyaya Gorakhpur University : दीन दयाल उपाध्याय विश्वविद्यालय गोरखपुर में एबीवीपी के कार्यकर्तन द्वारा कुलपति आ कुलसचिव के जमके पिटाई कइल गइल बा। कइयन दिनन से धरना पs बइठल एबीवीपी के कार्यकर्तन के गुस्सा सुक के दुपहरिया बाद फूट गइल। कार्यकर्ता कुलसचिव के बुरा तरे पीटल लो। घटना के लेके विश्वविद्यालय परिसर में हंगामा खड़ा हो गइल। एबीवीपी कार्यकर्ता कुलपति कक्ष में घुसके तोड़फोड़ कइल लो।

एह वजह से भड़कल कार्यकर्तन के गुस्सा

सबेरे से एबीवीपी कार्यकर्ता गेट पs प्रदर्शन करत रहे लो। दुपहरिया बाद तक कुलपति के इंतजार करत रहे लो, बाकिर तीन बजे तक कुलपति बाहर ना निकललें। जवना के बाद कार्यकर्ता कुलपति कक्ष में पहुंच गइल लो। एह दौरान पुलिस अपना सुरक्षा में कुलपति के बाहर निकालते रहे, कि कार्यकर्त्ता हमला बोल दिहल लो। कुलपति से झड़प के के संगही बीच-बचाव कs रहल पुलिसकर्मियन से कार्यकर्ता लोग जमके मारपीट कइल।

गमलन से कइल गइल हमला

एबीवीपी कार्यकर्ता गमला फेंकके कुलपति आ कुलसचिव के मारल लोक। कार्यकर्तन द्वारा कुलसचिव के बुरा तरे से पीटल गइल बा। कुलपति कक्ष में तोड़फोड़ कs के दरवाजा के उखाड़ दिहल गइल बा। पुलिस कड़ा मशक्कत के बाद कइयन कार्यकर्तन के हिरासत में लेके ममिला के छानबीन में जुटल बिया। घटना के लेके अफरातफरी के माहौल बा।

साभार: दैनिक जागरण

605490cookie-checkगोरखपुर विश्वविद्यालय में ABVP कार्यकर्तन के जमके हंगामा, कुलपति आ कुलसचिव के जमके पीटाई; पुलिस से भइल झड़प

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.