Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरख में तीन घंटा ले बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 11 से लेके दुपहरिया 2 बजे तक सप्लाई प्रभावित रही, मेंटेनेंस के चली काम

1,085

छपरा के मशरख चैनपुर फीडर में तीन घंटा के पावर कट होई। सबेरे 11:00 बजे से लेके दुपहरिया 2:00 बजे तक बिजली आपूर्ति बाधित रही। चैनपुर पावर सबस्टेशन 132 केवीए में मेंटेनेंस करत घरी तार बदलला के चलते पावर कट के निर्णय लिहल गइल बा। बढ़त ठंड के बीच पावर ट्रिप के समस्या के समाधान के लेके पावर कट होई। एकरा खातिर विद्युत विभाग 132kva पावर प्लांट में पावर कट कs के तमाम तरे के मेंटेनेंस करी। एह दौरान छपरा के मशरख आ इसुआपुर क्षेत्र के कुछ हिस्सन में बिजली गुल रही।

लोड के देखत लिहल गइल निर्णय

विद्युत कनीय अभियंता कहलें कि बिजली के उपभोग जादे हो रहल बा। जवना के धेयान में रखत सब तरे के मरम्मत अनिवार्य बा। जवना के आलोक में अतवार के सबेरे 11:00 बजे से दुपहरिया 2:00 बजे तक पावर सप्लाई बंद के सब तारन के मरम्मत आ पावर हाउस में मेन वायर के शिफ्टिंग कइल जाई।  जवना से भविष्य में कवनो बिजली संबंधित परेसानी ना खड़ा होखे। दोबारा 2:00 बजे के बाद बिजली सुचारू रूप से चालू कs दिहल जाई। एह बीच सब उपभोक्तन के बिजली संबंधित काम ओरवा लेवे के निरदेस दिहल गइल बा।

692350cookie-checkमशरख में तीन घंटा ले बिजली आपूर्ति रही बाधित: सबेरे 11 से लेके दुपहरिया 2 बजे तक सप्लाई प्रभावित रही, मेंटेनेंस के चली काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.