Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Solar Energy: जापान के पछाड़इंडियन के सौर ऊर्जा उत्पादन में तीसरका स्थान पs पहुंचल भारत, 2015 में रहे नौवां स्थान

284

भारत 2023 में जापान के पीछे छोड़के दुनिया में तीसरका सबसे बड़ सौर ऊर्जा उत्पादक देस बन गइल बा। वैश्विक ऊर्जा क्षेत्र में काम कs रहल शोध संस्थान एंबर के एगो रिपोर्ट में ई कहल गइल बा। भारत 2015 में सौर ऊर्जा के उपयोग के ममिला में नौवां स्थान पs बा। भारत पिछला कुछ सालन से सौर ऊर्जा के इस्तेमाल पs बहुते जोर दे रहल बा आ ई कामयाबी एही के परिणाम बा।

एंबर ‘ग्लोबल इलेक्ट्रिसिटी रिव्यू’ शीर्षक से जारी रिपोर्ट में कहल गइल बा कि बरिस 2023 में वैश्विक बिजली उत्पादन के 5.5 प्रतिशत सौर ऊर्जा के रूप में भइल। वैश्विक ट्रेंड के अनुरूप भारत पिछला साल कुल बिजली उत्पादन के 5.8 प्रतिशत सौर ऊर्जा से हासिल कइल गइल बा। पवन आ सौर ऊर्जा में उल्लेखनीय वृद्धि वैश्विक बिजली मिश्रण में नवीकरणीय ऊर्जा के हिस्सेदारी के 30 फीसदी से बेसी आ पूर्ण स्वच्छ उत्पादन (परमाणु समेत) के लगभग 40 प्रतिशत तक पहुंचा दिहल गइल बा। परिणामस्वरूप, दुनिया के बिजली के कार्बन तीव्रता एगो नया रिकॉर्ड निचला स्तर पs पहुंच गइल, जवन 2007 में अपना चरम से 12 प्रतिशत कम बा।

रिपोर्ट में कहल गइल बा कि 2023 में नवीकरणीय ऊर्जा उत्पादन के वृद्धि आउर अधिक हो सकत बा बाकिर चीन आ दुनिया के आउर हिस्सन में सूखा के बीच जलविद्युत उत्पादन पांच साल के निचला स्तर पs पहुंच गइल बा। भारत दुनिया में सबसे सस्ता सौर ऊर्जा उत्पादन करे वाला देस बा जबकि सबसे महंगा सौर ऊर्जा उत्पादन करे वाला देस कनाडा बा।

भारत में तेजी से बढ़ रहल बा उत्पादन

भारत में 2023 में सौर ऊर्जा उत्पादन में जवन वृद्धि बा, ऊ दुनिया के चउथा सबसे बड़ वृद्धि रहे। भारत एह ममिला में चीन, अमेरिका आ ब्राजील से पीछे रहल। एह चारो देसन के सौर ऊर्जा वृद्धि में हिस्सेदारी 2023 में 75 प्रतिशत रहल। चीन (+156 टेरावाट घंटा या टीडब्लयूएच), संयुक्त राज्य अमेरिका (+33 टीडब्ल्यूएच), ब्राजील (+22 टीडब्ल्यूएच) के बाद भारत अपना क्षमता में 18 टेरावाट घंटा जोड़लस। रिपोर्ट में कहल गइल बा कि 2023 में वैश्विक सौर उत्पादन 2015 के तुलना में छव गुना जादे रहे जबकि भारत में ई 11 फीसदी से जादे रहल। भारत में बिजली उत्पादन में सौर ऊर्जा के योगदान 2015 में 0.5 प्रतिशत रहे जवन 2023 में बढ़के 5.8 प्रतिशत हो गइल।

तीन गुना नवीकरणीय क्षमता बढ़ावे के योजना

अंतरराष्ट्रीय ऊर्जा एजेंसी (आईईए) के सुद्ध रूप से शून्य उत्सर्जन परिदृश्य के अनुसार, 2030 तक सौर ऊर्जा वैश्विक बिजली उत्पादन के 22 प्रतिशत तक बढ़ जाई। भारत 2030 तक नवीकरणीय क्षमता के तीन गुना करे के योजना बनावे वाला कुछ देसन में से एगो बा। एंबर के विश्लेषण के अनुसार, एह क्षमता के पूरा करे खातिर भारत के वार्षिक क्षमता वृद्धि उल्लेखनीय रूप से बढ़ावे के आवश्यकता बा।

बढ़त बिजली के मांग के पूरा करे में जरूरत बा

एंबर के एशिया कार्यक्रम के निदेशक आदित्य लोला कहलें कि हरित बिजली क्षमता बढ़ावल खाली बिजली क्षेत्र में कार्बन उत्सर्जन के कम करे खातिर नइखे। बल्कि अर्थव्यवस्था में बढ़त बिजली के मांग के पूरा करे आ आर्थिक वृद्धि के उत्सर्जन से अलग करे खातिर एकर आवश्यकता बा। रिपोर्ट के अनुसार, सौर ऊर्जा लगातार 19वां बरिस दुनिया के सबसे तेजी से बढ़त बिजली स्रोत के रूप में आपन इस्थिति बरकरार रखले बा। बीतल बरिस में कोयला के तुलना में एह स्वच्छ ऊर्जा स्रोत से दोगुना से जादे बिजली जोड़ल गइल।

819560cookie-checkSolar Energy: जापान के पछाड़इंडियन के सौर ऊर्जा उत्पादन में तीसरका स्थान पs पहुंचल भारत, 2015 में रहे नौवां स्थान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.