Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मशरख क्षेत्र में तीन घंटा गुल रही बिजली : सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे ले चैनपुर फीडर में चली काम

269

मसरख। बढ़त गर्मी के कारण पावर ट्रिप के समस्या आवे लागल बा। एकरा के लेके विभाग मशरख के चैनपुर फीडर में बिजली बाधित कs के मेंटेनेंस के काम करे के जानकारी देले बा। एकरा कारण बुध के सबेरे 10 बजे दुपहरिया एक बजे ले तीन घंटा तक पावर कट कइल जाई।

सहायक अभियंता बतवलें कि मंगर के चैनपुर पीएसएस से संचालित होखे वाला फीडर में बिजली बाधित कइल जाई। एह दौरान हाई एक्सटेंशन आ लो एक्सटेंशन तार के मरम्मती के संगे पावर सब स्टेशन में रेगुलर मेंटेनेंस कइल जाई। ओहिजा, काम पूरा होखला के बाद फेर से सेवा बहाल कs दिहल जाई।

808970cookie-checkमशरख क्षेत्र में तीन घंटा गुल रही बिजली : सबेरे 10 बजे से दुपहरिया एक बजे ले चैनपुर फीडर में चली काम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.