Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नोएडा के GC धवल अपार्टमेंट में लागल आग

708
Google Ads 300*250 for posts

 

गौतम बुद्ध नगर : शनिचर के रात नोएडा के सेक्टर 11 में स्थित एगो भवन में अचानक आग लगला से अराजकता के माहौल बन गईल। पूरा मामिला सेक्टर-11 में स्थित जीसी धवल अपार्टमेंट से जुड़ल बा, जहां आग लागे के घटना सोझा आईल। हालांकि लोग पूरा सतर्कता देखवले अवुरी समय रहते अपार्टमेंट के भीतर से सभ लोग के बाहर निकाल देले, जवना के चलते सभके जान बचावल जा सकता। उहाँ मौजूद लोग तुरंत दमकल विभाग के आग के बारे में जानकारी देले। दमकल विभाग के करीब आधा दर्जन गाड़ी मौका पs पहुंच के आग नियंत्रण के काम शुरू कs देलस।

कवनो जानमाल के नुकसान ना भइल

मामिला के जानकारी देत ​​सीएफओ प्रदीप कुमार बतवले कि जसही हमनी के कॉल पs आग लागे के जानकारी मिलल तd हमनी के चार गाड़ी मौका पs पहुंच गईल। दमकल विभाग आग बुझावे लागल। फिलहाल आग के भीतर केहु फंसल नईखे। सब लोग के समय रहते बाहर निकालल गईल बा अवरू आग बुतावे के काम चलता। उ बतवले कि आग लागे के पीछे के कारण अबे ले साफ नईखे भईल। सीएफओ के कहनाम बा कि आग तहखाना से शुरू भईल अवुरी धीरे-धीरे पहिला मंजिल ले पहुंच गईल, जवन कि बुझ गईल।

 

 

 

712420cookie-checkनोएडा के GC धवल अपार्टमेंट में लागल आग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.