[the_ad_group id="30365"]

हम आत्महत्या कर रहल बानी…’: शख्स 112 पऽ कॉल कऽ के देलस जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरेली के इज्जतनगर थाना क्षेत्र में एगो आदमी आत्महत्या कऽ लिहलस। सोमार के रात उनकर लाश कमरा में लटकल मिलल। आत्महत्या करे से पहिले उऽ यूपी 112 पs फोन कऽ पुलिस के सूचना देलस, ओकरा बाद मोबाइल बंद कऽ देलस। पुलिस ओकरा के खोजत पहुंचल, बाकिर बहुत देर हो गइल। पुलिस लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज देले बिया।

इज्जतनगर थाना क्षेत्र में इस्थित डिफेंस कॉलोनी के निवासी राजीव श्रीवास्तव अपना घर के ऊपरी मंजिल पs फांसी लगा के आत्महत्या कऽ लेले। स्थानीय लोग के मुताबिक, एकरा से पहिले सोमार के रात करीब 10 बजे उऽ यूपी 112 नंबर पs फोन कऽ के पुलिस के आत्महत्या करे के सूचना देले रहले।

सूचना मिलला के बाद पुलिस कालोनी में पहुंचल, बाकिर नंबर बंद होखला के चलते लोकेशन के पता ना चल पावल। पुलिस बहुत देर तक भटकत रहल। बाद में स्थानीय लोग से फोन नंबर के पहचान कइला के बाद पुलिस राजीव के घरे पहुंच सकल। लाश के निकाल के सील कऽ दिहल गइल। राजीव के पत्नी आ बेटी अलग-अलग रहत रहली। दुनों के बीच आपसी विवाद हो गइल। मानल जाता कि इहे आत्महत्या के कारण बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]