गुजरात के सूरत के लगे ट्रेन पलटावे के कोशिश… 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2024

    गुजरात के सूरत में ट्रेन पलटे के साजिश रचल गइल बा. पटरी पs लगावल फिश प्लेट आ चाभी खोल के फेंक दिहल गइल बा. समय पs मिलल जानकारी के चलते एगो बड़ दुर्घटना

Share

गुजरात में ट्रेन दुर्घटना के साजिश: फोटो

 

 

गुजरात के सूरत में ट्रेन पलटे के साजिश रचल गइल बा. पटरी पs लगावल फिश प्लेट आ चाभी खोल के फेंक दिहल गइल बा. समय पs मिलल जानकारी के चलते एगो बड़ दुर्घटना टल गईल। पटरी के मरम्मत के बाद रूट खोल दिहल गईल बा। मामला गुजरात के वडोदरा डिवीजन के बा।

पूरा बात का बा?

गुजरात के सूरत के लगे किम स्टेशन के लगे ट्रेन के पलटावे खातिर पटरी पs फिश प्लेट आ चाभी खोल के फेंक दिहल गइल बाकिर कीमैन के सूझबूझ के चलते कवनो बड़हन ट्रेन दुर्घटना से बचाव हो गइल. आज सबेरे पांच बजे के करीब जब रेलवे के कीमैन सुभाष कुमार पटरी के निरीक्षण करे गईले तs देखले कि पटरी फिश प्लेट के खोल के चाभी एक ओर फेंक दिहल गईल बा।

कीमैन तुरंत स्टेशन मास्टर अवुरी आरपीएफ के घटना के जानकारी देले। रेल प्रशासन भी तुरंत कार्रवाई में आ गईल अवुरी पटरी के मरम्मत कs दिहल गईल ताकि एs रूट पs ट्रेन के संचालन में कवनो बाधा ना आवे।

घटना आज सबेरे 5:40 के हs। घटना के स्थान गुजरात के सूरत में पड़े वाला कोसाम्बा जंक्शन रेलवे स्टेशन हs।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.