[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News: कार के पिछे सीट पs सुत गईले, जगावल गइल तs हो गईल रहे मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

गोरखपुर जिला के बड़हलगंज इलाका के भीटी दुबे निवासी तारकेश्वर दुबे (30) के बेंगलुरु में मउत हो गइल। बतावल जाता कि उs अपना गाड़ी के पीछे के सीट पs सुतल रहले। बाद में जब उनुका के जगावे के कोशिश भईल तs उs पहिलही मर चुकल रहले। आशंका बा कि हार्ट अटैक के चलते मउत हो गईल। एकरा से डॉक्टर भी सर्दी के जोड़ रहल बाड़े। गांव में जब सूचना पहुंचल तs हल्ला मच गईल। उ तमिलनाडु के कृष्णगिरी में एगो कंपनी में यूनिट हेड रहले।

जानकारी के मुताबिक तारकेश्वर शुक के रात में एगो निजी कार में अपना सहायक के संगे कंपनी के खरीदारी करे खातीर बेंगलुरु गईल रहले। खरीददारी कईला के बाद सहायक के आगे के सीट पs बईठे के कहला के बाद उ खुद पीछे के सीट पs सुत गईले अवुरी कंपनी पहुंचला पs ही उनुका के जगावे लगने ।

कंपनी पहुंचते सहायक उनुका के जगावे लगले, लेकिन उ ना जगले। कंपनी के लोग तुरंत उनुका के अस्पताल ले गईले, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। तारकेश्वर दुबे दु भाई मे बड़ रहले। उनकर दू गो बहिन भी बाड़ी, जेकर बियाह हो गइल बा। तारकेश्वर अपना 12 साल के बेटा तरुण, सात साल के बेटी तनवी अवुरी पत्नी दीपा के छोड़ गईले। छोट भाई विकास दुबे बतवले कि अतवार के 11 बजे ले उनुकर नश्वर पार्थिव शरीर पहुंच जाई। ओकरा बाद मुक्तिपाठ पs अंतिम संस्कार कइल जाई।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]