[the_ad_group id="30365"]

Ara News: आरा से बिहटा तक चली मेट्रो, बीच में होई 14 गो स्टेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के आरा नगर निगम के मेयर इंदु देवी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चिट्ठी लिख के बिहटा से आरा में एलिवेटेड मेट्रो बढ़ावे के मांग कइली। पटना में मेट्रो ट्रेन चलावे के तइयारी हो रहल बा आ एकरा के आरा से जोड़े के योजना बा। आरा आ बिहटा के बीच 14 गो स्टेशन होखी आ मेट्रो रेल निगम के गठन होई।

बिहटा से आरा ले मेट्रो के विस्तार कइल जाई, एकरा खातिर आरा नगर निगम के मेयर इंदु देवी मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चिट्ठी लिखले बाड़ी कि एलिवेटेड मेट्रो के बिहटा से आरा ले बढ़ावल जाव। राजधानी पटना में मेट्रो ट्रेन चलावे के तैयारी बहुत तेजी से भइल बा।

पटना-बिहटा हवाई अड्डा से पटना सिटी ले मेट्रो चलावे के प्रस्ताव तइयार हो रहल बा जवना के जल्दिए मंजूरी खातिर मंत्रिमंडल में भेजल जाई। अब एह मेट्रो के आरा तक जोड़े के मांग हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]