दिल्ली के नबी करीम इलाका में लागल भीषण आग, पुलिस 44 गो लोग के बचवलस

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2024

  दिल्ली के नबी करीम क्षेत्र में जय दुर्गा धरमकांटा के पास स्थित 4 मंजिला कुर्सी फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी कुल 44 लोग के जान बचावे

Share

दिल्ली के नबी करीम इलाका में लागल भीषण आग: फोटो

 

दिल्ली के नबी करीम क्षेत्र में जय दुर्गा धरमकांटा के पास स्थित 4 मंजिला कुर्सी फैक्ट्री में भारी आग लाग गईल। सूचना मिलते पुलिस मौका पs पहुंचल अवुरी कुल 44 लोग के जान बचावे में सफल भईल। स्थानीय थाना प्रभारी रात में अपना सीमित कर्मचारी के संगे मौका पs तुरंत कार्रवाई कईले अवुरी बगल के भवन के शटर तूड़ के फायर ब्रिगेड के पहुंचे से पहिले 44 लोग के सुरक्षित निकाल देले।

समय पs कईल गईल कार्रवाई के चलते टलल एगो बड़ दुर्घटना 

आग लगला के जानकारी मिलला पs दमकल विभाग के 7 फायर टेंडर मौका पs पहुंच के आग पs काबू पा लेले। एs घटना में केहु के घाही होखे के कवनो खबर नईखे, बाकिर फैक्ट्री के भारी नुकसान भईल बा। पुलिस घटना के जांच शुरू कs देले बिया अवुरी आग लागे के कारण के पता लगावे के कोशिश कईल जाता।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.