बेंगलुरु में श्रद्धा जइसन हत्याकांड, 26 साल के लइकी के 30 टुकड़ा 

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 21, 2024

बेंगलुरु के एगो मकान में एगो महिला के विकृत लाश मिले के खबर से पूरा शहर में सनसनी पसर गइल बा। घर के पहिला मंजिल पs भइल इ घटना। पुलिस के कहनाम बा कि इ

Share

क्राइम: फोटो

बेंगलुरु के एगो मकान में एगो महिला के विकृत लाश मिले के खबर से पूरा शहर में सनसनी पसर गइल बा। घर के पहिला मंजिल पs भइल इ घटना। पुलिस के कहनाम बा कि इ घटना चार से पांच दिन पहिले के हो सकत रहे।

कर्नाटक के बेंगलुरु में एगो सनसनीखेज मामला सोझा आइल बा, जवना में एगो महिला के बेरहमी से हत्या कऽ दिहल गइल, लाश के कई टुकड़ा काट के फ्रिज में राखल गइल। इ घटना दिल्ली के हत्या के मामला के याद दिलावत बा। मरेवाली के पहचान 26 साल के लइकी के रूप में भईल बा। घटना बेंगलुरु के मलेश्वरम के व्यालिकावल आवासीय क्षेत्र के एगो फ्लैट में भइल। तीन मंजिला मकान के पहिला मंजिल पs भइल इ घटना। पुलिस के शक बा कि इ हत्या प्रेम प्रसंग के चलते भइल बा।

पुलिस के एह बात के शक

जानकारी के मुताबिक इ घटना बेंगलुरु के मलेश्वरम के व्यालिकावल थाना क्षेत्र में भइल बा। लइकी के हत्या कऽ के लाश के 30 से जादे टुकड़ा क के फ्रिज में राखल गइल। व्यालिकावल आ शेषद्रिपुरम पुलिस मौका पs छानबीन कऽ देले बिया। तीन मंजिला मकान के पहिला मंजिल पs भइल इ घटना। पुलिस के आशंका बा कि हत्या प्रेम प्रसंग के चलते हो सकऽता।

हत्या 4 से 5 दिन पहिले भइल रहे

अपर पुलिस आयुक्त सतीश कुमार मौका पs पहुंचला के बाद बतवले कि इ घटना घर के पहिला मंजिल प भइल बा आ इ चार-पांच दिन पहिले हो सकऽता। मरेवाली महिला दोसरा राज्य के रहे बाकिर परिवार के संगे बेंगलुरु में रहत रहे। आयुक्त सतीश कुमार कहले कि जांच पूरा होखला के बादे एह मामला के पूरा जानकारी दिहल जाई। फिलहाल पुलिस मामला के जांच में व्यस्त बिया। फोरेंसिक टीम, डॉग स्क्वाड आ एफएसएल टीम मौका पs पहुंच गइल बिया। फिलहाल पुलिस मामला के जांच करतिया। मरेवाला के पहचान हो चुकल बा। पुलिस के कहनाम बा कि जल्दिए उनकर जानकारी दिहल जाई।

साभार – नवभारत टाईम्स

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.