Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Microsoft Edge यूजर्स के Youtube ब्राउज करे में आ रहल दिक्क्त, ई हs एकरा पीछे बड़ वजह

YouTube New Update: रिपोर्ट के अनुसार Google Microsoft Edge यूजर्स के स्ट्रिक्ट ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड एक्टिव करे से रोक रहल बा काहेकि ओकर मानल बा कि ऐड ब्लॉकर YouTube के सेवा के शर्तन के उल्लंघन करेला। जदि रउआ स्ट्रिक्ट ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड एक्टिव Microsoft Edge यूजर बानी तs रउआ YouTube वीडियो देखे में  दिक्क्त आ सकत बा। YouTube मोबाइल एंड्रॉइड ऐप में रीडिज़ाइन के टेस्टिंग कs रहल बा। 

1,504
Google Ads 300*250 for posts

Google कथित तौर पs कुछ Microsoft Edge यूजर्स के YouTube वीडियो देखे से रोक रहल बा जदि उनका लगे “Strict” ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड एक्टिव बा। Strict ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड विज्ञापनन के ब्लॉक कs देला।

विंडोज लेटेस्ट के एगो रिपोर्ट के अनुसार, ई डेग तब उठावल गइल बा जब Google ऐड-ब्लॉकर पs नकेल कसे के कोसिस कs रहल बा, जवन कंपनी के विज्ञापन से राजस्व उत्पन्न करे से रोक सकत बा।

कुछ Microsoft Edge यूजर्स के आ रहल बा दिक्क्त

रिपोर्ट के मोताबिक, Google Microsoft Edge यूजर्स के स्ट्रिक्ट ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड एक्टिव करे से रोक रहल बा काहेकि ओकर मानल बा कि ऐड ब्लॉकर YouTube के सेवा के शर्तन के उल्लंघन करत बा। जदि रउआ स्ट्रिक्ट ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड एक्टिव Microsoft Edge यूजर बानी, तs रउआ YouTube वीडियो देखे में रउआ दिक्क्त आ सकत बा। रउआ स्ट्रिक्ट ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड के बंद कs के भा कवनो अलग ब्राउजर पs स्विच कs के एह समस्या के ठीक कs सकत बा।

Microsoft Edge यूजर कs सकत बा ई काम

  • स्ट्रिक्ट ट्रैकिंग प्रोटेक्शन मोड के करीं बंद।
  • Firefox भा Brave जइसन कवनो अलग ब्राउजर पs स्विच करीं।
  • अपना आईपी एड्रेस के हाईड करे खातिर VPN के इस्तेमाल करीं।
  • यूट्यूब प्रीमियम के सब्सक्रिप्शन किनी।

बदलल-बदलल लउकी YouTube के एंड्रॉइड ऐप

Google के स्वामित्व वाला YouTube मोबाइल एंड्रॉइड ऐप में एगो रीडिज़ाइन के टेस्टिंग कs रहल बा। नया रिपोर्ट के मोताबिक गूगल यूट्यूब ऐप में नीचे दिखे वाला “Library” टैब के हटावे के तइयारी कs रहल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, कंपनी “Library” टैब के एगो नया “You” टैब से बदल रहल बा। ऐप सेटिंग्स के गियर आइकन से एक्सेस कइल जाला जवन खाली एह पेज पs दिखाई देत बा आ पहिले के तुलना में एक्सेस कइल तेज बा।

662650cookie-checkMicrosoft Edge यूजर्स के Youtube ब्राउज करे में आ रहल दिक्क्त, ई हs एकरा पीछे बड़ वजह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.