- बिहार: सुशील मोदी बोलले- तेजस्वी के जेल भेजल चाहत बाड़ें ललन सिंह: कहले- लालू यादव जेल गइले तs उनके कारण, नीतीश के दिमाग के समझल मुश्किल।
- बिहार: तालाब में डूबला से मां आ 3 बच्चन के मौत: समस्तीपुर में एगो बच्चा डूबे लागल, बचावे का चक्कर में सभे एक एक कs के समा गइल।
- उत्तर प्रदेश: बांदा नाव हादसा में लापता 5 लोग जिंदा मिलल: 8 शव बहके फतेहपुर बॉर्डर पहुंचल, मरे वालन के संख्या 11 भइल, 4 के तलाश जारी।
- उत्तर प्रदेश: लखनऊ शहर 52 सेंकेंड खातिर थमल, झंडारोहण रिहर्सल में चौराहन पs गुंजल राष्ट्रगान, डिप्टी सीएम कइले ” हर घर तिरंगा” अभियान के कइले सुरुआत।
- झारखंड: स्वतंत्रता दिवस के लेके भइल फुल ड्रेस रिहर्सल: रांची डीसी एसएसपी लेलस लो परेड के सलामी, अधिकारियन के दिहल गइल दिशा निरदेस।
- जम्मू कश्मीर में टेरर फंडिंग के आरोपी 4 कर्मचारी बर्खास्त: आतंकी बिट्टा के पत्नी आ हिजबुल चीफ के बेटा पs एक्शन, अब तक 40 कर्मचारियन के निकालल गइल।
- तिरंगा रैली में गुजरात के पूर्व उपमुख्यमंत्री घायल: नितिन पटेल के आवारा गाय टक्कर मरलस, घुटनन में आइल चोट; अस्पताल में भर्ती।
- राजू श्रीवास्तव कर तीसरा बेर भइल एंजियोप्लास्टी: एसे दोबारा हार्ट अटैक आवे के खतरा कम होला, बाकिर तनाव से दूर रहल बा जरूरी।
- अफगानिस्तान में महिला लोगन के प्रदर्शन: शिक्षा आ काम के हक मांगत रहे लो, तालिबानी लड़ाकन द्वारा पिटाई आ हवाई फायरिंग कइल गइल।
- मोदी बोलले: युक्रेन में दुनिया देखलस तिरंगा के ताकत: दोसर देशन के रक्षा कवच बनल; कॉमनवेल्थ में बॉक्सिंग, कुश्ती हर जगे बेटियन के योगदान रहल अदभुत।
साँझ के 10 बड़ खबर

सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव।
परिचे-
एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।