[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: मधुबनी में भंडारा खइला से 25 लोग बेमार, गंभीर हालात में करावल गइल सदर असप्ताल में भर्ती। गोसाई पूजा के लेके भइल रहे भंडारा के आयोजन।
  2. तेजस्वी यादव के गृह विभाग बढ़वलस सुरक्षा, बुलेट प्रूफ गाड़ी के साथे मिलल Z प्लस सिक्योरिटी। पहिले रहे Y+ के सुरक्षा।
  3. उत्तर प्रदेश: बांदा बोट एक्सीडेंट- बांदा में जमुना नदी में नाव पलटला से 35 से अधिका लोग डूबल, 17 लापता, 3 के मौत, तेज हवा से बिगड़ल संतुलन, जवना कारणे भइल हादसा।
  4. उत्तर प्रदेश: श्रीकांत त्यागी के लागल एगो आउर झटका, कोर्ट खारिज कइलस जमानत याचिका। महिला से बदसलूकी के ममिला में मेरठ से भइल रहे गिरफ्तारी।
  5. झारखंड: सावन 2022- सावन में बाबा बैधनाथ के सोना, चांदी, डॉलर के संगे नेपाली रुपियन के चढ़ावा। मंदिर प्रशासन के देखरेख में भइल गिनती।
  6. महाराष्ट्र में 390 करोड़ के बेनामी संपत्ति जब्त: आयकर विभाग एक टीम बाराती बनके पहुंचल, कोर्ड वर्ड रहे- दुल्हनिया हम ले जाएंगे; 58 करोड़ कैश मिलल।
  7. लाल सिंह चड्ढा पs भड़कल इंग्लैंड के पूर्व  क्रिकेटर: मोंटी पनेसर बोलले- फिलिम में भारतीय सेना आ सिखन के अपमान भइल।
  8. 28 घंटन से बेहोश राजू यादव वेंटिलेटर पs: छोट भाई काजूओ AIIMS में भर्ती, उनका के राजू के हालत के बारे में ना बतावल गइल।
  9. अगिला महीना पाक पीएम से मिल सकेले PM मोदी: SCO सम्मेलन में सामिल होइहें दुनु नेता, उज्बेकिस्तान में 15-16 सितंबर के होई बैठक।
  10. जिम्बाब्वे दौरा से पहिले वाशिंगटन सुंदर चोटिल: कॉउंटी क्रिकेट के एगो मैच में फील्डिंग के दौरान भइले चोटिल, बायां कंधा के बल पs जमीन पs गिरले।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]