Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

518
  1. बिहार: मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के चुनाव आयोग बड़ खुशखबरी, मणिपुर में मिलल JDU के राज्य पार्टी के दर्जा। बिहार आ मणिपुर में पहिलही से राज्य पार्टी के दर्जा।
  2. बिहार: JDU भ्रस्टाचार के ममिला में RCP सिंह के नोटिस भेज मंगलस जबाब। 58 प्लॉटन के किने में हेराफेरी के आरोप।
  3. उत्तर प्रदेश: योगी सरकार कर मंत्री राकेश सच्चान गिट्टी चोरी के ममिला में दोषी करार, सपा भइल भाजपा पs हमलावर।
  4. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में नगर निगम के प्राइवेट ठेकेदारन के गुंडई, बुलडोजर चढ़ावे के धमकी, ठेकेदार दिखवलस बीच चैराहा पs गुंडई।
  5. झारखंड: जज उत्तम आंनद के हत्याकांड में लखन वर्मा आ राहुल वर्मा के आजीवन कारावास के सजा। 30 हजार रुपिया के जुर्माना लगावल गइल।
  6. अमेरिका आ चीन में खाली एक बेर भइल बा सीधा लड़ाई: कोरियाई जंग में पीठ देखाके भागल रहे अमेरिका, 28 लाख से बेसी लोग के भइल रहे मौत।
  7. सोनिया राहुल खातिर 8 साल में पहिला बेर कांग्रेसी एकजुट, केंद्र के खिलाफ गहलोत-पायलट, बघेल-सिंहदेव गुटबाजी छोड़ के साथे लउकल लो।
  8. उपराष्ट्रपति चुनाव के मतदान खतम, आजुए घोषित होई परिणाम।
  9. भारत बनाम वेस्टइंडीज चउथा टी-20 आज: फ्लोरिडा में पहिले बल्लेबाजी करे वाला टीम 11 में से 9 बेर जीतल बिया।
  10. कॉमनवेल्थ गेम्स: भारतीय महिला क्रिकेट टीम फाइनल में पहुंच के इतिहास रचलस, टेबल टेनिस के पुरुष युगल के फाइनल में पहुंचल भारत, रवि दहिया पाकिस्तानी पहलवान हरा के फाइनल में पहुंचले, प्रियंका-अविनाश के नावे सिल्वर, सिंधु महिला सिंगल्स के अंतिम चार में।
306460cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.