[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: पटना में अपराधियन के कहर- लूटपाट के विरोध कइला पs पत्रकार पs हमला, थाना विवाद में उलझल पुलिस। हथियार के बल पs पत्रकार से भइल लूट।
  2. बिहार: उच्च शिक्षा पs बीजेपी पुकलस सवाल तs जेडीयू कहलस- राज्यपाल तs केंद्र से आवेले, राज्य सरकार के का बा भूमिका। नीरज कुमार कहले विश्वविद्यालय प्रशासनिक ढांचा के मुखिया कुलाधिपति होला, का केंद कावर से चुनल गइल कुलाधिपति पs सवाल उठावत बाड़े संजय जायसवाल।
  3. उत्तर प्रदेश: लोकसभा उपचुनाव – पांच बजे तक रामपुर में 37.02 फीसदी आ आजमगढ़ में 45.97 फीसदी पड़ल वोट, सपा के गढ़ में का भाजपा मार पाई बाजी, एकर फसीला 26 जून के काउंटिंग के बाद होई।
  4. उत्तर प्रदेश: मेधावी छात्रण संगे संवाद में सीएम योगी बोलले- हर छात्र- हिंदी अंग्रेजी के एक-एक अखबार जरूर पढ़ें होई बड़ लाभ। हाईस्कूल आ इंटर के शीर्ष दस छात्रन संगे संवाद में छात्रण के मिलल योगी के खास सलाह।
  5. झारखंड: आदिवासी उम्मीदवार द्रौपदी मुर्मू के समर्थन दे सकत बिया JMM, आदिवासी कनेक्शन के अलावे सोरेन परिवार से बावे द्रौपदी मुर्मू के व्यक्तिगत जुड़ाव।
  6. सरकार आ सेना दुनों के एकनाथ: राउत बोलले- बागी लवट आवे लो तs राकांपा-कांग्रेस से गठबंधन तुरे के तइयार; पवार बोलले- हमनी के उद्धव के साथे।
  7. मूसेवाला के नाया आ आखिरी गाना रिलीज: सतलुज-यमुना लिंक विवाद पs गावल गाना,6 मिनट में पौने 5 लाख व्यू आ 3.14 लाख लाइक।
  8. अफगानिस्तान में लगातार दुसरका दिने भूंकप, रिक्टर स्केल पs 4.3 रहे तीव्रता।
  9. तेजप्रताप-ऐश्वर्या के साथ रहे के आखिरी मवका, 28 जून के एक दूसरा के सोझा बिठाके काउंसलर्स पूछी लो, साथे रहे के बा कि ना।
  10. भारतीय महिला टीम के आसान जीत: पहिला टी-20 में श्रीलंका के 34 रन से हार। जेमाइमा बनली प्लेयर ऑफ द मैच।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]