साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: अग्निपथ स्कीम प्रोटेस्ट- बिहार में कइयन गो जगहन पs फूंकल गइल ट्रैन, लखीसराय में दहशत से यात्री के मौत।
  2. बिहार: Dy CM रेणु देवी आ संजय जायसवाल के घर पs हमला, बेतिया में निशाना पs बीजेपी के नेता।
  3. उत्तर प्रदेश: अग्निपथ विरोध में ब्रज में दिन भर चलल बवाल, साँझ ले लउकल आक्रोश।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी पुलिस के अलर्ट मोड, प्रदेश भर में शांति से भइल जुमा के नमाज।
  5. झारखंड: खनन लीज केस में हेमंत सोरेन के सुप्रीम कोर्ट से झटका, अंतरिम आदेश से इनकार।
  6. सिद्धू मूसेवाला हत्याकाण्ड: लॉरेन्स आ गोल्डी समेत 5 गैगेस्टर्स के रचल रहे साजिश; कनाडा आ दुबई से ऑपरेट भइले गुर्गा।
  7. सोनिया गांधी के सांस नली में फंगल इंफेक्शन: मा के बेमारी के कारणे राहुल मंगले रहस ED से मोहलत, अब सोमार के होई पूछताछ।
  8. ब्रिटेन सरकार असांजे के प्रत्यर्पण के मंजूरी देलस: जासूसी के आरोप में लंदन के जेल में बाड़े बंद, अब अमेरिका के गिरफ्त में होइहे।
  9. इंग्लैंड बनवलस वनडे क्रिकेट के सर्वाधिक स्कोर, नीदरलैंडस के खिलाफ जड़लस 498 रन। तीन खेलाड़ियन के शतक।
  10. क्रिकेट: चउथा टी-20 में साउथ अफ्रीका टॉस जीत के बोलिंग चुनलस, उमरान मलिक के फेर मवका ना।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-