[the_ad_group id="30365"]

बवाल के बीच वायु सेना प्रमुख के बड़ एलान, 24 जून से शुरू होई भर्ती

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अग्निपथ योजना के लेके युवा के प्रदर्शन तीसरा दिन जारी बा। बिहार के बहुत जगह ए नाया योजना के खिलाफ युवा सड़क प उतर के विरोध करतारे। एकरा अलावे दूसरा दिन उत्तर प्रदेश में भी विरोध प्रदर्शन चलता। बतावल जाता कि शुक्रवार के सबेरे बलिया के रेलवे स्टेशन में तोड़फोड़ भईल रहे। ओने युवा के भयंकर प्रदर्शन के देखत सरकार सेना के बहाली में उमर के ऊपरी सीमा बढ़ा देले बिया। एह साल खातिर 21 के जगह 23 साल के युवा अग्निपथ योजना के तहत आवेदन कर पईहे।

कई राज्यन में जारी हंगामा के बीच एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी एगो बड़ घोषणा कईले बाड़े। उ कहले कि, ‘खुशी होता ई बतावत के कि ए साल बहाली खाती उम्र सीमा बढ़ा के 23 साल क दिहल गईल बा।’ एकरा से युवा के फायदा होई। उ कहले कि, भारतीय वायुसेना खाती बहाली के प्रक्रिया 24 जून से शुरू हो जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]