Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LIVE: अग्निपथ के विरोध में आज बिहार बंद, AAP के  प्रदर्शन का ऐलान

Protest against Agneepath Scheme: बिहार में अग्निपथ स्कीम के विरोध में आज बंद बुलावल गइल बा। लालू प्रसाद यादव के पार्टी आरजेडी के ओर से एह बंद के आह्वान कइल गइल बा, जवना के दु गो आउर दल समर्थन देले बा।

293

Bihar Bandh against Agneepath Scheme: बिहार में अग्निपथ स्कीम के विरोध में आज बंद बुलावल गइल बा। लालू प्रसाद यादव के पार्टी आरजेडी के ओर से एह बंद के आह्वान कइल गइल बा, जेमे मुकेश सहनी के पार्टी वीआईपी आ जीतनराम मांझी के दल ‘हम’ सपोर्ट कइले बा। एह बीच एहतियात के तौर पs बिहार के ज्यादातर जिलन में मोबाइल इंटरनेट के बंद कs दिहल गइल बा ताकि अफवाहन के रोकल जा सके। अग्निपथ स्कीम के विरोध के आज चउथा दिन हs आ लगातार उत्तर प्रदेश, झारखंड, मध्य प्रदेश, राजस्थान आ हरियाणा समेत कई राज्यन में विरोध जारी बा।

अब एह विरोध में राजनीतिक दलन के उतरला से एकर व्यापकता आउर बढ़े के संभावना बा। सुक के बिहार में कई स्थानन पs प्रदर्शनकारी ट्रेनन के फूंक देले रहले सs। एकरा अलावे यूपी के बलिया में एगो ट्रेन के कुछ बोगियन के जला दिहल गइल रहे। ओहिजा तेलंगाना के सिकंदराबाद रेलवे स्टेशन पs तs उपद्रवियन से निपटे खातिर पुलिस के फायरिंग करे के पड़ल रहे आ एमे एगो शख्स के मौत हो गइल रहे।

साभार: हिंदुस्तान

275720cookie-checkLIVE: अग्निपथ के विरोध में आज बिहार बंद, AAP के  प्रदर्शन का ऐलान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.