साँझ के 10 बड़ खबर

Share

  1. बिहार: नुपुर शर्मा के खिलाफ आरा में जुमा के नमाज के बाद प्रदर्शन, भागलपुर में बाजार बंद, मुजफ्फरपुर कोर्ट में शिकायत दर्ज।
  2. बिहार: बिहार में MLC चुनाव में मतदान के नौबत ना, सातों प्रत्याशियन के निर्विरोध चुनल जाइल तय।
  3. उत्तर प्रदेश: सहारनपुर में पुलिस के एक्शन, जुमा के नमाज के हंगामा कs रहल लोगन पs लाठीचार्ज, देवबंद से 21 लोग गिरफ्तार।
  4. उत्तर प्रदेश: प्रयागराज में पथराव आ आगजनी पs सीएम योगी गंभीर, पत्थरबाजन के खिलाफ कड़ा कारवाई के निरदेस।
  5. झारखंड: नुपुर शर्मा के बहाने रांची में उपद्रवियन के नंगा नाच, पथराव-तोड़फोड़ आ आगजनी में 1 के मौत, 7 के गोली लागल, कई लोग जख्मी। धारा 144 लागू।
  6. नुपुर शर्मा के खिलाफ देशभर में प्रदर्शन: प्रयागराज में पत्थरबाजी, प्रदर्शनकरी पीएसी के ट्रक फुंकले, बंगाल में पुलिस के करे के पड़ल फायरिंग।
  7. राज्यसभा चुनाव: राजस्थान में कांग्रेस कैंडिडेट्स के जीत लगभग तय, भाजपा एमएलए देले कांग्रेस के वोट, हरियाणा में काउंटिंग रुकल।
  8. मुस्लिम पर्सनल लॉ बोर्ड के उलेमा लोगन के टीवी डिबेटस में हिस्सा ना लेवे के निरदेस।
  9. अमेरिकी जनरल के बयान पs चीन के तीख प्रतिक्रिया, कहलस- हमनी के भारत के संगे बातचीत में सीमा विवाद सुलझा लेम सs, US आग में घीव ना डाले।
  10. नस्लभेद पs इंग्लिश बोर्ड के बड डेग, एडवाइजर अप्वाइंट कइलस, मुस्लिम एथलीट चार्टरो बनवलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-