[the_ad_group id="30365"]

Ranchi Violence: रांची के मेन रोड में में चलल गोली… अफरा-तफरी के माहौल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची। भाजपा नेत्री नुपुर शर्मा के द्वारा दिहल गइल आपत्तिजनक बयान के खिलाफ रांची में हिंसा भड़क गइल। रांची के मेन रोड के इलाका रण क्षेत्र में तब्दील हो गइल। पुलिस पs पथराव शुरू हो गइल। बेकाबू भीड़ पुलिस के निशाना बनावल जबकि आसपास के दुकानन आ एगो धार्मिक स्थल पs पत्थर फेंकलस।

भीड़ के नियंत्रित करे खातिर आइल पुलिसो के भागे के पड़ल। एह पथराव में डेली मार्केट थाना प्रभारी अवधेश ठाकुर, कोतवाली थाना प्रभारी शैलेश प्रसाद सहित कइयन गो पुलिसकर्मी गंभीर रूप से घायल भइल बा लो। उपद्रवियन के नियंत्रित करे खातिर पुलिस लगातार फायरिंग कs रहल बा। फिलहाल इस्थिति बेकाबू बा। मवका पs रांची के सब थानन के थानेदार आ डीएसपी पहुंच गइल बा लो। पुलिस लाइन से अतिरिक्त बल मंगावल गइल बा। फिलहाल इस्थिति के नियंत्रित करे ले कोसिस कइल जा रहल बा।

जानकारी के मोताबिक नूपुर शर्मा के बयान के खिलाफ रांची में हिंसा भइल। हालत पूरी तरे बेकाबू बा। लगातार हो रहल फायरिंग आ पथराव में कई पुलिसकर्मी घायल भइल बा लो। डेली मार्केट के थाना प्रभारी अवधेश ठाकुर गंभीर रूप से घायल हो गइल बाड़े। रांची के इकरा मस्जिद के लगे नमाज के बाद लोगन के भीड़ बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]